[the_ad_group id="30365"]

राम मंदिर के गर्भ गृह के सफाई खातीर रामलला के मिलल अनोखा उपहार, जानीं एकर खासियत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रामलला के प्राण प्रतिष्ठा 22 जनवरी के अयोध्या के भव्य राम मंदिर में पवित्र कइल गइल। राम मंदिर अगिला दिन से यानी 23 तारीख से जनता खातिर खोलल गईल। अब भगवान राम के बाल रूप देखे आवे वाला भक्तन के भीड़ कम नइखे होखत। देश भर के भक्त रामलला खातिर भी तरह तरह के उपहार भेजल शुरू कs देले बाड़े, जवना में से बहुत सारा मौद्रिक रूप से काफी कीमती बा। अब मंदिर के गर्भगृह के साफ-सुथरा राखे खातीर रामलला के चांदी के झाड़ू उपहार में दिहल गईल बा। ओह झाड़ू के वजन लगभग 2 किलो बा!

ईs झाड़ू राम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के राम भक्तन के संस्था अखिल भारतीय मंगा समाज द्वारा भेजल गइल रहे। मंदिर के गर्भगृह के सफाई में झाड़ू के इस्तेमाल करे के निहोरा भक्त लोग कईले बाड़े। एएनआई के ओर से एगो वीडियो शेयर कईल गईल बा, जवना में भक्त कांच के डिब्बा में राखल चांदी के झाड़ू के माथा पs लेके चलल बाड़े। बक्सा फूल से सजावल बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]