[the_ad_group id="30365"]

Noida: गार्डन गैलरिया मॉल में शराब पार्टी में स्क्रीन पs चलावल गइल रामायण, हिंदू संगठनन द्बारा पुलिस में शिकायत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गार्डन गैलरिया के लॉर्ड ऑफ ड्रिंक बार में शराब पार्टी के दौरान स्क्रीन पs रामायण सीरियल देखावल गइला के ममिला सामने आइल बा। एह ममिला में कइयन गो हिंदू संगठन पुलिस से शिकायत कइले बाड़ी सs आ ट्विटर पs मिलल शिकायत के आधार पs पुलिस एह ममिला के संज्ञान लेलस।

एह ममिला में जीआईपी चौकी प्रभारी के तरफ से कोतवाली सेक्टर 39 में बार के मालिक, मैनेजर आ डीजे संचालक के खिलाफ मुकदमा दर्ज करावल गइल बा। फिलहाल सब आरोपी फरार बाड़े सs आ प्राथमिक जांच में बार में काम करे वाला लोगन के कहनाम बा कि पार्टी के दौरान गलती से रामायण के क्लिप चल गइल रहे। तबे केहू 12 सेकंड के एगो वीडियो बना लिहल जवन सोशल मीडिया पs वायरल हो गइल।

 

क्लब के खिलाफ लोगन के गुस्सा

गार्डन गैलेरिया मॉल के ‘लॉर्ड ऑफ ड्रिंक्स’ बार में एह तरे के धर्म के आपत्तिजनक वीडियो चलावल धर्म के खिलाफ बा। ई वीडियो सोशल मीडिया पs अइला के बाद लोगन में गुस्सा बा। लोग लॉर्ड ऑफ ड्रिंक्स पs एक्शन के मांग कs रहल बा। वीडियो के संज्ञान में लेके कोतवाली सेक्टर-39 पुलिस क्लब के खिलाफ मुकदमा दर्ज कs लेले बिया। पुलिस ममिला के जांच कs रहल बिया।

मॉल में लगभग 40 क्लब

गार्डन गैलरिया मॉल में हर रोज सईयन के संख्या में जुवक आ जुवती लोग नाइट क्लबन में मनोरंजन खातिर आवेला लो। इहां पs भारी मात्रा में शराब के सेवन तक कइल जाला। मॉल में करीब 40 क्लब बा। अक्सर एह मॉल में मारपीट के वीडियो सामने आवत रहेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]