टीवी के ‘श्रीकृष्णा’ सर्वदमन बनर्जी के फिटनेस देख फैन बोलले- ‘ उमिर तs बस एगो नंबर…’

By Anurag Ranjan

Published on: May 3, 2024

  रामानंद सागर के धार्मिक सीरियल ‘श्रीकृष्णा’ आजो दर्शकन के बीचे एकर स्टार कास्ट के लेकर चर्चा में रहेले। अभिनेता सर्वदमन बनर्जी रामानंद सागर के ए शो में भगवान कृष्ण के भूमिका निभा‌के रातों-रात लोकप्रियता

Share

 

रामानंद सागर के धार्मिक सीरियल ‘श्रीकृष्णा’ आजो दर्शकन के बीचे एकर स्टार कास्ट के लेकर चर्चा में रहेले। अभिनेता सर्वदमन बनर्जी रामानंद सागर के ए शो में भगवान कृष्ण के भूमिका निभा‌के रातों-रात लोकप्रियता हासिल क‌s लेहले। एs दौर में लोग उनकरा के सचो के भगवान समझे लागल रहे। एs बीच अब सर्वदमन बनर्जी के एगो तस्वीर सोशल मीडिया पs वायरल होत बा, जेमे उनकर गजब के ट्रांसफॉर्मेशन देखे के मिलत बा। एs लेटेस्ट तस्वीर उनकरे फैंस के हैरान क‌s दिहले बा। अभिनेता के फिटनेस देख आपो उनकरा के पहिला झलक में पहिचान नाहीं पाइब।

टीवी के श्रीकृष्णा के ट्रांसफॉर्मेशन

रामानंद सागर के मोस्ट पॉपुलर धार्मिक सीरियल ‘श्रीकृष्णा’ में कृष्णा के किरदार निभा के सर्वदमन बनर्जी लोगन के दिल जीत लिहले रहले। उनकर ई रोल दर्शकन के एतना पसंद आ‌इल रहे कि उs ओकरे बादे से उनके ‘कृष्णा’ के नामे से पुकारे लागल। ओहीं टीवी के श्रीकृष्णा आजू ओतने ही सुपरफिट हउए जेतना उs 90 के दशक में रहले .एs वायरल तस्वीर में ज‌इसे कि आप देख सकेनी कि उ अपने ढलत उमिर के बादो काफी फिट नजर आवत बाने। ई तस्वीर कवनो जिम के हs।

58 में सर्वदमन बनर्जी बाने सुपरफिट

अभिनेता सर्वदमन डी बनर्जी भले ही एक्टिंग से दूर बाने, बाकिर उs सोशल मीडिया पs एक्टिव रहेले । सर्वदमन अपने आपके फिट रखे खातिर जिम में बहुत पसीना बहावत बाड़े। 58 साल के उमिर में उनकर बॉडी देख यूजर्स कमेंट बॉक्स में एक्टर के फिटनेस के तारीफ करत कहलेे कि ‘सची में उमिर तs बस एगो नंबर हs।’

अइसन रहे सर्वदमन बनर्जी के कैरियर

सर्वदमन बनर्जी एक्टिंग के दुनिया में 1983 में फिल्म ‘आदि शंकराचार्य’ से कदम रखले रहले। एs फिल्म के नेशनल अवॉर्ड मीलल रहे। फिल्म ‘एमएस धोनी: दि अनटोल्ड स्टोरी’ में उs सुशांत सिंह राजपूत के साथे चंचल के किरदार में दिखाई दिहले रहल।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.