[the_ad_group id="30365"]

पाकिस्तान खातिर जासूसी करे वाला राम सिंह गोरखपुर से गिरफ्तार, ISI एजेंट के भेजत रहे भारतीय नौसेना के जानकारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पाकिस्तान खातिर जासूसी करे वाला राम सिंह गोरखपुर से गिरफ्तार, ISI एजेंट के भेजत रहे भारतीय नौसेना के जानकारी

पाकिस्तान खातिर जासूसी करे वाला पिपराइच के राम सिंह के एटीएस अतवार के गिरफ्तार कs लेलस। दु दिन तक चलल पूछताछ आ जांच में पता चलल कि गोवा में शिपयार्ड नेवल बेस पs पार्ट टाइम वर्कर के रूप में काम करे के दौरान ऊ आइएसआइ एजेंट के नौसेना के बारे में कइयन गो महत्वपूर्ण सूचना आ युद्धक जहाजन के फोटो भेजले बा।

खाता लेनदेन के पुष्टि होखला पs एटीएस ओकरा ऊपर राज्य के विरुद्ध अपराध करे के साजिश रचे के ममिला दर्ज कइले बा। पूछताछ आ जांच में मिले साक्ष्य के आधार पs एटीएस के टीम राम सिंह के सहजोगियन के तलाश कs रहल बिया।

कर्मचारियन के अलग-अलग माध्यमन से भेजल जात रहे धन

एटीएस के खुफिया स्रोत अइसन अइसन सूचना मिलत रहे कि आइएसआइ के एजेंट छद्म नामन से भारतीय नौसेना के कर्मचारियन आ शिपयार्डन में काम करे वाला प्राइवेट व्यक्तियन के संपर्क में बा। कर्मचारियन के बहला फुसलाके भा धन के लालच देके भारतीय नौसेना से संबंधित गोपनीय आ संवेदनशील सूचना आउर दस्तावेज प्राप्त कइल जा रहल बा। एकरा खातिर एह कर्मचारियन के अलग-अलग माध्यमन से धन भेजल जा रहल बा।

एह सूचना के विकसित करे पs पता चलल कि पिपराइच के रमवापुर गांव के रहे वाला राम सिंह पाकिस्तानी महिला जासूस कीर्ति कुमारी (छद्म नाम) के संपर्क में बा आ पाकिस्तानी एजेंट राम सिंह के बैंक खाता में लगातार धन मुहैया करा रहल बाड़ें सs।

एतनही ना राम सिंह पाकिस्तानी एजेंटन खातिर भारतीय नौसेना आ सेना के गोपनीय सूचना देवे वाला साथियन के धन उपलब्ध करावल।

एडीजी एटीएस नीलाब्जा चौधरी बतवलें कि पहिले राम सिंह के हिरासत में लेके पूछताछ कइल गइल। आरोप के पुष्टि होखला पs मुकदमा दर्ज कs के अतवार के ओकरा के गिरफ्तार कs लिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]