Ram Mandir Donation Theft : राम मंदिर के चढ़ावा चोरी ममिला में चंपत राय आ अनिल मिश्रा के एसआईटी से राहत

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 18, 2026

अयोध्या। अयोध्या के श्रीराम जन्मभूमि मंदिर में चढ़ावा के रकम में कथित चोरी आ गड़बड़ी के ममिला में राम मंदिर ट्रस्ट के पूर्व महासचिव चंपत राय आ ट्रस्ट के सदस्य अनिल मिश्रा के फिलहाल बड़

Share

Police investigation into the Ram Mandir donation theft case with WhatsApp chat evidence and SIT inquiry in Ayodhya.

अयोध्या। अयोध्या के श्रीराम जन्मभूमि मंदिर में चढ़ावा के रकम में कथित चोरी आ गड़बड़ी के ममिला में राम मंदिर ट्रस्ट के पूर्व महासचिव चंपत राय आ ट्रस्ट के सदस्य अनिल मिश्रा के फिलहाल बड़ राहत मिलल बा। प्रदेश सरकार के ओर से बनावल गइल विशेष जांच दल आपन अंतिम रिपोर्ट शासन के सउप देले बा। रिपोर्ट में चंपत राय आ अनिल मिश्रा के नाम सामिल नइखे।

एसआईटी के रिपोर्ट शासन के सउपला के बाद आगे के कार्रवाई खातिर श्रीराम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के भेजल गइल बा। हालांकि, एह ममिला में एगो आउर जांच अभी जारी बा। सुप्रीम कोर्ट के निगरानी में गठित जांच टीम के जांच पूरा नइखे भइल। अइसन में ममिला के पूरा सच्चाई आउर जांच के रिपोर्ट सामने अइला के बादे साफ होई।

एसआईटी रिपोर्ट में आठ आरोपियन के नाम

मिलल जानकारी के मोताबिक, प्रदेश सरकार के एसआईटी के अंतिम रिपोर्ट में कुल आठ आरोपियन के नाम सामिल बा। जांच के दौरान एह सब आरोपियन के पहिलही गिरफ्तार कइल जा चुकल बा।

राम जन्मभूमि ट्रस्ट के सदस्य कृष्णमोहन के शिकायत पs दर्ज एफआईआर में अनुकल्प मिश्रा, लवकुश मिश्रा, अविनाश शुक्ला, मनीष यादव, रमाशंकर मिश्रा, सुभाष श्रीवास्तव, करुणेश पांडे आ राम शंकर यादव उर्फ टिन्नू के आरोपी बनावल गइल रहे।

एह लोग पs भारतीय न्याय संहिता माने बीएनएस के संबंधित धारा के अलावा भ्रष्टाचार निवारण अधिनियम के तहत मुकदमा दर्ज कइल गइल रहे।

चंपत राय आ अनिल मिश्रा के भूमिका पs उठल रहे सवाल

राम मंदिर के चढ़ावा के रकम में कथित गड़बड़ी के ममिला सामने अइला के बाद ट्रस्ट से जुड़ल कुछ पदाधिकारियन के भूमिका पs सवाल उठल रहे। एह दौरान चंपत राय आ अनिल मिश्रा के भूमिका के लेके चरचा तेज हो गइल रहे।

विवाद के बीच दुनो लोग ट्रस्ट में आपन पद से इस्तीफा दे दिहल। अब प्रदेश सरकार के एसआईटी के अंतिम रिपोर्ट में दुनो के नाम नइखे, जवना से फिलहाल दुनो लोगन के राहत मिलल बा।

सुप्रीम कोर्ट के निगरानी वाला जांच अभी जारी

प्रदेश सरकार के एसआईटी रिपोर्ट में चंपत राय आ अनिल मिश्रा के नाम ना होखला के बादो ममिला के जांच अभी पूरा नइखे भइल। सुप्रीम कोर्ट के निगरानी में गठित दोसर जांच टीम अभी ममिला के जांच कs रहल बिया।

एह वजह से प्रदेश सरकार के एसआईटी रिपोर्ट के आधार पs चंपत राय आ अनिल मिश्रा के फिलहाल राहत जरूर मिलल बा, बाकिर ममिला के अंतिम इस्थिति दूसरका जांच के निष्कर्ष सामने अइला के बादे तय होई।

का हs राम मंदिर चढ़ावा चोरी के पूरा ममिला?

श्रीराम जन्मभूमि मंदिर में आवे वाला चढ़ावा के रकम में कथित अनियमितता आ गड़बड़ी के शिकायत के बाद ई ममिला सामने आइल रहे। शिकायत के आधार पs पुलिस एफआईआर दर्ज कs के जांच सुरू कइलस।

बाद में प्रदेश सरकार के ओर से ममिला के जांच खातिर विशेष जांच दल माने एसआईटी के गठन कइल गइल। जांच के दौरान कइयन गो लोग के गिरफ्तार कइल गइल आ ओह लोगन के खिलाफ कानूनी कार्रवाइयो भइल।

अब प्रदेश सरकार के एसआईटी आपन अंतिम रिपोर्ट शासन के सउप देले बा। रिपोर्ट में आठ आरोपी के नाम सामिल बा, जबकि चंपत राय आ अनिल मिश्रा के नाम नइखे।

Read Also: 18 अगस्त 2026 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.