[the_ad_group id="30365"]

Ram Mandir Anniversary : सीएम योगी 11 जनवरी के करिहें अभिषेक, देस भर के 170 संत-धर्माचार्य होई लोग सामिल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Ayodhya Ram Mandir Anniversary Date: रामलला के विग्रह के प्राणप्रतिष्ठा के एक साल पूरा होखला पs वार्षिक समारोह प्रतिष्ठा द्वादशी के रूप में मनावल जाई। 11 से 13 जनवरी तक अलग-अलग आयोजनन के माध्यम से रामलला के प्रति श्रद्धा अर्पित कइल जाई। सीएम योगी आदित्यनाथ 11 जनवरी के 11 बजे रामलला के अभिषेक करिहें। एह दिन ऊ सात घंटा अयोध्या में रहिहें। समारोह में देसभर के 170 संत-धर्माचार्य मेहमान के रूप में सामिल होई लो। अयोध्या के 37 जातीय मंदिरन के संत-महंत आमंत्रित कइल गइल बा लो।

अंगद टीला परिसर में अतवार के पत्रकारन से बातचीत में श्रीराम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र के महासचिव चंपत राय प्रतिष्ठा द्वादशी के त्रिदिवसीय आयोजन के जानकारी देलें। चंपत राय बतवलें कि उत्तराखंड, छत्तीसगढ़, महाराष्ट्र, राजस्थान, गुजरात, मध्य प्रदेश आ उत्तर प्रदेश से संत-धर्माचार्यन के आमंत्रित कइल गइल बा। तीन दिनन तक होखे वाला कार्यक्रमन में उषा मंगेशकर, कुमार विश्वास, मालिनी अवस्थी अनुराधा पौड़वाल, कविता पौड़वाल, स्वाति मिश्रा, कथक नृत्यांगना शोभना नारायण प्रस्तुति दी लो। कथा व्यास रमेश भाई ओझा एह दौरान मवजूद रहिहें।

प्राण प्रतिष्ठा के वर्षगांठ पs सुरू भइल रामकथा

क्षेत्र के घटौली गांव इस्थित कोटहिन भवानी के स्थान पs आयोजित श्रीरामकथा के जनजागरण खातिर अतवार के गाजा-बाजा के संगे भव्य कलश यात्रा निकालल गइल। राम मंदिर प्राण प्रतिष्ठा के पहिला वर्षगांठ के अवसर पs विधायक रामचंद्र यादव के संयोजन में ई यात्रा निकालल गइल। कलश यात्रा के अगुवाई कथा प्रवाचक कमलेश मिश्र कइलें। कथा पंडाल से निकलल कलश यात्रा तीन किलोमीटर के यात्रा तय कs के आस्तीक आश्रम जन्मेजय कुंड सिड़सिड़ पहुंचल। जहां कलश में जल भरल गइल। एकरा बाद कलश यात्रा वापस कथा पंडाल पहुंचल। कथा के आयोजन पांच जनवरी से 11 जनवरी तक हो रहल बा। एह अवसर पs आदर्श चंद्र यादव, रामशरण वर्मा, परमानंद यादव, ब्लॉक प्रमुख प्रतिनिधि पवन सिंह, भवानी फेर मिश्र, वंशीधर द्विवेदी, काशी नाथ मिश्रा, बृजेश पाठक, बरसाती राही, राकेश यादव आदि मवजूद रहे लो।

Read Also: Bihar News : प्रशांत किशोर के थप्पड़ मार पुलिस अनशन से उठवलस, गिरफ्तार; BPSC प्रदर्शन खत्म, हंगामा के आशंका

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]