Raksha Bandhan 2023: एह रक्षाबंधन पs बहिन के दी इ गिफ्ट्स, देखते खिलखिला उठी चेहरा

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 29, 2023

रक्षाबंधन 2023 : भाई-बहिन के स्नेह से जुड़ल परब रक्षाबंधन एह साल 30 अगस्त के मनावल जा रहल बा। आज के दिन बहिन भाई के कलाई में रक्षा के सूत यानी राखी बान्हेले, जबकि भाई

Share

रक्षाबंधन 2023 : भाई-बहिन के स्नेह से जुड़ल परब रक्षाबंधन एह साल 30 अगस्त के मनावल जा रहल बा। आज के दिन बहिन भाई के कलाई में रक्षा के सूत यानी राखी बान्हेले, जबकि भाई अपना बहिन के रक्षा के शपथ लेवेले। एह खास दिन एक दोसरा के उपहार देबे के परंपरा भी बा। आमतौर पs बड़ भाई लोग शगुन के रूप में बहिनन के उपहार भा पइसा देला। रउवा भी अबकी बेर अपना बहिन के कुछ खास आ अनोखा देवे के चाहत बानी (Unique Gift For Sisters) लेकिन फैसला ना कs पावत बानी, तब हमनी के रउवा खातिर कुछ बढ़िया विकल्प लेके आइल बानी जा।

बहिन खातिर रक्षाबंधन के उपहार 

स्मार्ट घड़ी

रउरा अपना बहिन के लेटेस्ट मॉडल के स्मार्ट घड़ी गिफ्ट क सकतानी। लेटेस्ट स्मार्ट घड़ी जवना में लेटेस्ट फीचर अवुरी लुक बा जवन कि आपके बहिन के भी पसंद आई।

पसंदीदा लेखक के किताब 

अगर रउरा बहिन के पढ़े के शौक बा त रउरा उनुका के उनुकर पसंदीदा लेखक के किताब गिफ्ट कs सकेनी। विश्वास करीं बहिन राउर एह सरप्राइज से जरूर खुश होखीहें आ उनुका इहो लागी कि रउरा उनुकर पसंद समझत बानी।

स्पा अपॉइंटमेंट

स्पा भा पार्लर के अपॉइंटमेंट भी लईकिन खातिर एगो बढ़िया उपहार बा। रउरा अपना बहिन खातिर स्पा अपॉइंटमेंट बुक कs सकेनी आ खरचा उठा सकेनी, ऊ ई उपहार पा के रोमांचित हो जइहें।

योग चटाई

अगर बहिन फिटनेस के प्रति जागरूक बाड़ी त रउआ ओकरा के योग चटाई गिफ्ट कs सकेनी, ताकि उ रोज एकर इस्तेमाल कs सके। बहिन भी एह उपहार के इस्तेमाल कs पइहें आ उनुका भी ई उपहार पसंद आई।

स्टाइलिश हैंडबैग 

लईकिन के नाया हैंडबैग के इस्तेमाल करे के बहुत शौक होखेला। आप अपना बहिन खातिर स्मार्ट देखाई देवे वाला अवुरी स्टाइलिश बैग भी ले सकतानी। रउरा ओकरा के कवनो ड्रेस के मैचिंग बैग दे सकेनी।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.