[the_ad_group id="30365"]

Stree 2 के मिलल जबरदस्त सफलता, अब ‘मालिक’ बनले राजकुमार राव

राजकुमार राव अपकमिंग फिल्म के नाम के कइले ऐलान: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

आजुकाल्ह राजकुमार राव आपन हालही में रिलीज भइल फिलिम ‘स्त्री 2’ के सफलता के जश्न मनावत बाड़न. बॉक्स ऑफिस पs स्त्री 2 के जबरदस्त सफलता सभका के हैरान कs दिहले बा. फिल्म के रिलीज भइला के 2 हफ्ता से अधिका हो गइल बा बाकिर अबहीं ले एकर मुकाबला करे खातिर कवनो फिलिम सिनेमाघरन में नइखे आइल. स्त्री 2 के भारी कमाई के बीच आज राजकुमार राव अपना जन्मदिन के मौका पs अपना प्रशंसक के एगो अवुरी उपहार देले बाड़े। स्त्री 2 के सफलता के मजा लेबे वाला राजकुमार राव अब अपना अगिला प्रोजेक्ट खातिर तइयार हो गइल बाड़न जवन एक्शन थ्रिलर होखी. अपना जन्मदिन के मौका पs राजकुमार फिल्म के टाइटिल के भी खुलासा कईले बाड़े।

राजकुमार राव के आए वाला फिल्म के पोस्टर रिलीज

राजकुमार राव बियफे के दिने अपना सोशल मीडिया हैंडल पs फिल्म निर्माता पुलकित के निर्देशित एक्शन थ्रिलर के बारे में एगो पोस्ट शेयर कइलन जवना से ऊ अपना फिलिम के टाइटिल आ ओकर फर्स्ट लुक के अनावरण कइलन. अपना ताज़ा पोस्ट में अभिनेता एs नयकी फिल्म के पोस्टर जारी कईले अवुरी इहो खुलासा कईले कि एकर शूटिंग शुरू हो गईल बा। उs अपना पोस्ट में लिखले बाड़े- ” # मालिक के दुनिया में राउर स्वागत बा। शूटिंग शुरू हो गईल बा, जल्दिए मिलब।”

पुलकित के बात करीं तs ऊ भूमि पेडनेकर अभिनीत इन्वेस्टिगेटिव ड्रामा ‘भक्षक’ आ ‘डेढ़ बीघा जमीन’ के निर्देशन खातिर जानल जालें, जवना में प्रतीक गांधी भी मुख्य भूमिका में बाड़े। दूसर ओर राजकुमार फिलहाल स्त्री 2 के सफलता के मजा ले रहल बाड़े, जवन कि उनुका 2018 के एही नाम के फिल्म के सीक्वल हs। उनुका अलावे एह हॉरर कॉमेडी में श्रद्धा कपूर, पंकज त्रिपाठी, अपारशक्ति खुराना आ अभिषेक बनर्जी के भी देखावल गइल. बॉक्स ऑफिस पs ई शानदार प्रदर्शन कs रहल बा आ वैश्विक स्तर पs 600 करोड़ रुपिया से अधिका के कमाई कइले बा.

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]