[the_ad_group id="30365"]

Rajasthan News: सरकार गर्भवती महिला खातीर ‘माँ वाउचर’ लेके आइल, जानी योजना के लाभ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजस्थान के गर्भवती महिला के अब मुफ्त में सोनोग्राफी के सुविधा मिल जाई। एकरा खातीर मुख्यमंत्री भजन लाल शर्मा गुरुवार के सीएमआर में ‘माँ वाउचर’ योजना के शुरुआत करीहे। ए योजना के तहत दूर-दराज आ ग्रामीण इलाका में भी गर्भवती महिला मुफ्त सोनोग्राफी के सुविधा के लाभ उठा सकेली।

स्वास्थ्य क्षेत्र में राज्य सरकार आज से मुफ्त सोनोग्राफी शुरू करे जा रहल बिया। मुख्यमंत्री भजनलाल शर्मा गुरुवार के दुपहरिया 2 बजे सीएमआर से ए योजना के शुरुआत करीहे। एह योजना के पायलट प्रोजेक्ट के रूप में एह साल 8 मार्च से भरतपुर फलोडी के बारन में शुरू कइल गइल रहे। अब सरकार आपन दायरा बढ़ा के पूरा राज्य में लागू करे जा रहल बिया।

क्यूआर कोड आधारित ई वाउचर मोबाइल नंबर पs एसएमएस के माध्यम से मिली

मेडिकल विभाग के अपर मुख्य सचिव शुभ्रा सिंह कहले कि ए योजना के माध्यम से सरकारी सोनोग्राफी केंद्र के संगे-संगे निजी सोनोग्राफी केंद्र में भी मुफ्त सोनोग्राफी कइल जा सकता। ऊ बतवले कि गर्भवती महिला के मोबाइल नंबर पs एसएमएस के माध्यम से क्यूआर कोड आधारित ई वाउचर मिली। ऊ वाउचर दे के ऊ कवनो सूचीबद्ध निजी केंद्र में मुफ्त में सोनोग्राफी करा सकेली । डाक्टर साहब फेर सोनोग्राफी करावे के कहस तs फेर से मुफ्त वाउचर दिहल जाई।

 30 दिन में टेस्ट जरूरी, आधार-मोबाइल अपना संगे ले जाए के होई

जानकारी के मुताबिक 84 दिन चाहे ओकरा से जादे गर्भवती महिला ए योजना के तहत मुफ्त में सोनोग्राफी करा सकतारी। योजना के लाभ उठावे खातीर गर्भवती महिला के जन आधार कार्ड आ मोबाइल के संगे मेडिकल इंस्टीट्यूशन जाए के होई। उहाँ ओटीपी के माध्यम से एसएमएस पs क्यूआर वाउचर जारी कइल जाई, जवना के वैधता 30 दिन के होई। जदी कवनो कारण से महिला निर्धारित समय में सोनोग्राफी ना करा पावेली तs ऊ फेर से मेडिकल इंस्टीट्यूशन में जाके एकर अवधि 30 दिन अउरी बढ़ा सकतारी। हालांकि ई काम एक बेर ही कइल जा सकता।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]