[the_ad_group id="30365"]

राजस्थान सरकार के बड़ फैसला, अब स्कूलन में मनावल जाई रामलाल के प्राण प्रतिष्ठा आ रक्षाबंधन का त्योहार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अयोध्या में राम मंदिर के प्राण प्रतिष्ठा के राजस्थान के स्कूलन में प्रत्येक बरिस प्राण प्रतिष्ठा दिवस के रूप में मनावल जाई। 22 जनवरी के राम मंदिर के प्राण प्रतिष्ठा के दिन के राजस्थान सरकार के ओर से आपन शैक्षणिक कैलेंडर में उत्सव के रूप में शामिल कइल जाई।

शैक्षणिक कैलेंडर में कइल गइल शामिल

राजस्थान के शिक्षा मंत्री मदन दिलावर के अनुसार राम मंदिर की प्राण प्रतिष्ठा दिवस के प्रत्येक वर्ष विद्यालयमन में वार्षिक उत्सव के रूप में मनावे खातिर एकरा के शैक्षणिक कैलेंडर में स्थान दिहल गइल बा। हालाकि अबहीं एकरा बारे में विस्तार से योजना नइखे बनावल गइल कि एकरा के कवना तरे मनावल जाई।

विद्यार्थी मनइहें रक्षाबंधन के त्योहार

राजस्थान स्कूल शिक्षा परिषद हालही में जारी कइल गइल, शैक्षणिक कैलेंडर में कुछ आउर त्योहारन के शामिल कइले बा। एमें राम मंदिर के प्राण प्रतिष्ठा दिवस के साथही रक्षाबंधन के  त्योहारो मनावल जाई। छात्र-छात्राएं एक- दोसरा के को रक्षा सूत्र बांध के एह पर्व के मनइहें। छात्र-छात्रा के साथे उनकर अभिभावको एह उत्सव में सम्मिलित होइहें।

अबकी बरिस 19 अगस्त के रक्षाबंधन के त्योहार बा। अवकाश के कारण एकरा मे 2 दिन पहले यानी 17 अगस्ते के राजस्थान के विद्यालयन में मनावल जाई।

विद्यार्थी करिहें राम मंदिर के भ्रमण

राजस्थान में बच्चन के आपन संस्कृति आ परंपरा से अवगत करावे खातिर उनका लोग के मंदिर के दर्शन आ भ्रमण पs लेके जाइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]