[the_ad_group id="30365"]

राजस्थान: कोटा के RSS शहर सेवा प्रमुख के हत्या मामिला में कार्रवाई, आरोपी फैजान आ जीशान गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के नगर सेवा प्रमुख सत्यनारायण खटाणा के हत्या के मामिला में कार्रवाई भइल बा आ दू गो आरोपी फैजान आ ज़ीशन के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा. ध्यान देवे वाला बात बा कि सत्यनारायण के हत्या 7 दिन पहिले कोटा के किशोरपुरा में भईल रहे।

हत्या कईसे भईल?

सत्यनारायण के छाती पs मुक्का मार के हत्या कs दिहल गईल। एह हत्या के खुलासा सीसीटीवी के माध्यम से भईल। असल में सत्यनारायण के मुक्का के चलते ब्रेन हेमरेज हो चुकल रहे। एs घटना में अबे ले दु लोग फरार बाड़े।

एकरा में एगो आरोपी पीएफआई से जुड़ल रहे। मंदिर के रास्ता रोक के इs हंगामा शुरू भईल, जवना के बाद कवनो खास वर्ग के लोग आके सत्यनारायण के पिटाई कईले। हत्या के सीसीटीवी फुटेज भी सामने आईल।

मिलल जानकारी के मुताबिक फिरोज नाम के एगो आरोपी अबे ले फरार बा, उनुका निर्देश पs बाकी लोग बुजुर्ग के मारपीट कईले रहले। कहल जात बा कि फिरोज पीएफआई के सदस्य हउवें.

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]