Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

राजस्थान: कोटा में NEET के तइयारी कs रहल १६ साल के लइकी फांसी लगाके कइलस सुसाइड, जांच में जुटल पुलिस

कोटा में नीट के तैयारी करत ऋचा सिंह नाम के एगो लईकी आत्महत्या क लेले बिया। बतावल जाता कि लईकी के उमिर 16 साल बा। 

504

 

कोटा : राजस्थान के कोचिंग हब मानल जाए वाला कोटा में नीट के तइयारी करत सोलह साल के लईकी फांसी लगा के आत्महत्या क लेले बिया।लईकी के पहचान ऋचा सिंह के रूप में भईल बा।लाश के शवदाह गृह में राखल गइल बा आ विज्ञान नगर थाना एह मामिला के छानबीन करत बिया।

भीलवाड़ा से आत्महत्या के मामला भी सोझा आईल रहे

एकरा से पहिले राजस्थान के भीलवाड़ा से आत्महत्या के मामला भी सामने आईल रहे। इहाँ न्यायपालिका सेवा के परीक्षा में फेल होखला के बाद एगो लईकी पंखा से फांसी लगा के आत्महत्या क लेलस। लईकी के पहचान 28 साल के आकांक्षा के रूप में भईल बा अवुरी ओकरा कमरा में दु पन्ना के सुसाइड नोट भी मिलल बा। एह सुसाइड नोट में आकांक्षा लिखले रहली कि ऊ कई बेर कोशिश कइली बाकिर असफल हो गइली। हर त्योहार आ शादी-बियाह के याद आवत रहे लेकिन निराशा महसूस होखत रहे। माफ कर द भाई, अब हिम्मत नइखे। आकांक्षा आरजेएस परीक्षा के तइयारी करत रहली आ उनकर रिजल्ट 16 अगस्त के आइल, फेल भइला का बाद ऊ डिप्रेशन में रहली।

 

 

 

 

639400cookie-checkराजस्थान: कोटा में NEET के तइयारी कs रहल १६ साल के लइकी फांसी लगाके कइलस सुसाइड, जांच में जुटल पुलिस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.