[the_ad_group id="30365"]

राजस्थान: कोटा में NEET के तइयारी कs रहल १६ साल के लइकी फांसी लगाके कइलस सुसाइड, जांच में जुटल पुलिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

कोटा : राजस्थान के कोचिंग हब मानल जाए वाला कोटा में नीट के तइयारी करत सोलह साल के लईकी फांसी लगा के आत्महत्या क लेले बिया।लईकी के पहचान ऋचा सिंह के रूप में भईल बा।लाश के शवदाह गृह में राखल गइल बा आ विज्ञान नगर थाना एह मामिला के छानबीन करत बिया।

भीलवाड़ा से आत्महत्या के मामला भी सोझा आईल रहे

एकरा से पहिले राजस्थान के भीलवाड़ा से आत्महत्या के मामला भी सामने आईल रहे। इहाँ न्यायपालिका सेवा के परीक्षा में फेल होखला के बाद एगो लईकी पंखा से फांसी लगा के आत्महत्या क लेलस। लईकी के पहचान 28 साल के आकांक्षा के रूप में भईल बा अवुरी ओकरा कमरा में दु पन्ना के सुसाइड नोट भी मिलल बा। एह सुसाइड नोट में आकांक्षा लिखले रहली कि ऊ कई बेर कोशिश कइली बाकिर असफल हो गइली। हर त्योहार आ शादी-बियाह के याद आवत रहे लेकिन निराशा महसूस होखत रहे। माफ कर द भाई, अब हिम्मत नइखे। आकांक्षा आरजेएस परीक्षा के तइयारी करत रहली आ उनकर रिजल्ट 16 अगस्त के आइल, फेल भइला का बाद ऊ डिप्रेशन में रहली।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]