[the_ad_group id="30365"]

यूपी के सिद्धार्थनगर में सामने आईल सोनम पार्ट-2, पति के हत्या कs नदी में फेंकलस लाश, कंकाल मिलल; 18 साल पहिले कइले रहे लव मैरिज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी के सिद्धार्थनगर जिला से इंदौर के राजा रघुवंशी हत्याकांड से मिलत जुलत मामला सामने आइल बा. इहाँ एगो महिला अपना प्रेमी से बियाह के 18 साल बाद अपना पति के हत्या कs देलस। एतने ना, अपना अपराध के छिपावे खातीर उs अपना पति के शव बलरामपुर जिला के राप्ती नदी में फेंक देलस अवुरी ओकरा बाद अपना पति के लापता रिपोर्ट दर्ज करवली।

पूरा बात का बा?


पूरा मामला जिला के ढेबरुवा थाना क्षेत्र के नजरगढ़वा गांव के बा। इहाँ रहेवाला कन्नन के बियाह 18 साल पहिले दिल्ली निवासी संगीता से भईल रहे। दुनु जने गाँव में एगो अलगे मकान में रहत रहले. एही बीच करीब 2 साल पहिले दिल्ली जात घरी कन्नन के पत्नी संगीता के दोस्ती बलरामपुर निवासी अनिल शुक्ला से हो गईल। मोबाइल नंबर के दे के बात करे लगले। धीरे-धीरे दुनु जाना के प्यार खिलल आ अनिल बीच-बीच में गाँव घूमे जाए लगले। संगीता लोग से कहली कि उनकर प्रेमी अनिल उनकर चाची के बेटा हs, एहसे केहु के शक तक ना भईल।

बलरामपुर में मिलल कंकाल

एही बीच 2 जून 2025 के कन्नन अचानक लापता हो गईले। 5 जून के उनुकर पत्नी संगीता ढेबरुवा थाना जाके अपना पति के लापता रिपोर्ट दर्ज करवली, जेकरा बाद पुलिस जांच शुरू कs देलस। एही बीच 9 जून के कन्नन के भाई बाबूलाल इधर-उधर पूछताछ कईले तs पता चलल कि 2 जून के पति-पत्नी एक संगे गांव छोड़ देले रहले। इs जानकारी मिलते बाबूलाल थाना में जाके कहले कि भाई के लापता होखे में पत्नी के भूमिका संदिग्ध बा। एकरा बाद जब पुलिस संगीता के पकड़ के कड़ा पूछताछ कईलस तs संगीता बतवली कि उs अपना प्रेमी अनिल शुक्ला के संगे राह में अपना पति के जहर देके राप्ती नदी में फेंक देले रहली। पत्नी के संकेत पs पुलिस मौका प पहुंच के कन्नन के कंकाल बरामद कs लेलस, जवना के पुष्टि परिवार के लोग कs चुकल बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]