रेलवे पेपर लीक: सीबीआई ने 11 ठिकाना पऽ कइल गइल छापामारी, 50-60 अभ्यर्थियन के पहिले दिहल गइल रहे पेपर

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 9, 2024

प्रयागराज रेलवे भर्ती बोर्ड के डीजीसीई (सामान्य विभाग प्रतियोगी परीक्षा) के पेपर लीक के मामला में सीबीआई राजस्थान अउरी यूपी के 11 जगह पs छापामारी कइले बिया। सीबीआई के टीम राजस्थान के प्रयागराज, नोएडा, अलीगढ़,

Share

प्रयागराज रेलवे भर्ती बोर्ड के डीजीसीई (सामान्य विभाग प्रतियोगी परीक्षा) के पेपर लीक के मामला में सीबीआई राजस्थान अउरी यूपी के 11 जगह पs छापामारी कइले बिया। सीबीआई के टीम राजस्थान के प्रयागराज, नोएडा, अलीगढ़, मथुरा, चित्रकूट अउरी जयपुर, भरतपुर, करौली, अलवर, सवाई माधोपुर में छापामारी क के दस्तावेज बरामद कइले बिया।

रेलवे बोर्ड के उपनिदेशक सतर्कता अनिल कुमार मीना के शिकायत पs सीबीआई लखनऊ के भ्रष्टाचार विरोधी शाखा 11 रेल कर्मचारी के खिलाफ मामला दर्ज करवले बिया, जवन कि पेपर लीक कइला के बदले पइसा लेले रहले। परीक्षा करावे वाली एजेंसी अपटेक लि. के आरोपी बनावल गइल बा।

रेलवे एह शिकायत में अपना सतर्कता जांच रिपोर्ट के हवाला देले बिया। रिपोर्ट के मुताबिक प्रयागराज के रेलवे भर्ती बोर्ड के ओर से 6 अगस्त 2021 के भइल डीजीसीई परीक्षा के पेपर लीक हो गइल रहे आ 50-60 अभ्यर्थी के रटवा दिहल गइल रहे।

सीबीआई केस में आरोपी के नाम

ट्रैक मेंटेनर करे वाला राजस्थान के भरतपुर के भूप सिंह, वेगराज, महावीर सिंह आ प्रीतम सिंह, अलवर के जितेन्द्र कुमार मीना, सवाई माधोपुर के प्रमोद कुमार मीना, टोंक के हंसराज मीना, अलीगढ़ के धरम देव, जयपुर के करौली, उत्तर पश्चिम के प्रशांत कुमार मीना रेलवे के मुख्य अभियंता कार्यालय के कार्यालय अधीक्षक मान सिंह। एकरा अलावा नोएडा के पार्सल पोर्टर मोहित भाटीयो शामिल बाड़े।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.