[the_ad_group id="30365"]

रेलवे ग्रुप-डी के परीक्षा में सेंधमारी, ऑनलाइन सेंटर से एसटीएफ अउरी पुलिस आठ लोग के पकड़लस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रेलवे के ग्रुप-डी के ऑनलाइन परीक्षा में मंगर के सॉल्वर गैंग सेंध लगा देहलस। एसटीएफ अउरी पुलिस दू सॉल्वर सहित आठ लोगन के नौसड़ के स्वास्तिक ऑनलाइन सेंटर से गिरफ्तार कइले बा। पकड़ल लोग से पूछताछ में पता चलल कि पांच लाख रुपया में सौदा होत रहे।
पहिला पाली में एसटीएफ चार युवकन के पकड़लस, जबकि तीसरी पाली में पुलिस चार लोग के गिरफ्तार कइले बा। एसटीएफ आरोपियन के खिलाफ गीडा थाना में केस दर्ज करवले बा। एसटीएफ के रेलवे ग्रुप-डी के परीक्षा में सॉल्वर के बइठले के सूचना मिलल रहे।
इंस्पेक्टर सत्य प्रकाश सिंह के नेतृत्व में टीम स्वास्तिक आनलाइन सेंटर नौसड़ स्थित केंद्र के बाहर से तीन युवकन के गिरफ्तार कइलस। एसे पूछताछ में पता चलल कि स्वास्तिक आनलाइन सेंटर के कक्ष में मूल अभ्यर्थी मिथिलेश कुमार के स्थान पर सॉल्वर रंजीत कुमार परीक्षा दे रहल बानें। टीम सेंटर के अंदर जा के ड्यूटी पर मौजूद कर्मियन के संगे ले के सॉल्वर रंजीत के गिरफ्तार कर लिहलें।

पकड़ल गइल आरोपियन के पहचान रंजीत कुमार (सॉल्वर) पुत्र राम प्रसाद निवासी मोहल्ला गाड़ीखाना, पोस्ट अउरी थाना खगौल, जनपद पटना, बिहार। वर्तमान पता मकान नंबर-टी/1/डी सीटी रेलवे कालोनी, लखनऊ। अखिलेश्वर सिंह पुत्र स्व श्याम बहादुर सिंह, निवासी ग्राम अउरी पोस्ट अहिरौली बघेल, थाना बनकटा, जनपद देवरिया। वर्तमान पता पादरी बाजार, गोरखपुर। मिथिलेश कुमार (परीक्षार्थी) पुत्र मातादीन, निवासी ग्राम बहरामपुर, पोस्ट भैसहां, थाना खोराबार, जनपद गोरखपुर। रामनरेश पुत्र सुंदरलाल यादव, निवासी ग्राम हीहुरा, पोस्ट मलिक मऊ चैबारा, जिला रायबरेली के रूप में भइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]