[the_ad_group id="30365"]

‘Rahul Gandhi के बातन के कवनो सेंस नइखे’, कंगना रनौत बोलली- अपना फायदा खातिर देश के टुकड़ा कइल चाहऽ तिया कांग्रेस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भाजपा सांसद कंगना रनौत कांग्रेस सांसद राहुल गांधी के निशाना बनवले बाड़ी। कंगना कहली कि राहुल गांधी के बात के कवनो मतलब नइखे। बिना समझ के बात करेले। कंगना कहली कि उनका में एगो बात सबसे खराब बा कि उऽ देश खातिर गलत शब्द के इस्तेमाल करेले।

मंडी से भाजपा सांसद कंगना रानावत हमला राहुल गांधी पs आज विपक्षी नेता आ कांग्रेस सांसद राहुल गांधी पऽ कड़ा हमला कइली। कंगना कहली कि राहुल गांधी के बात के कवनो मतलब नइखे। बिना समझ के बात करेले।

राहुल के बात के कवनो मतलब नईखे

कंगना आज सदन के कार्यवाही में जाए से पहिले कहली कि, अनुराग ठाकुर उनका बारे में सब कुछ ठीक से कहले। कंगना कहली कि-  अनुराग ठाकुर जवन कहले कि कांग्रेस के मानसिकता अपना फायदा खातिर देश के टुकड़ा-टुकड़ा करे के बा, उऽ एकदम सही बा। उऽ कहले कि पंडित जवाहरलाल नेहरू के जमाना से इ बात चलत आवता।

मंडी के तबाही पऽ दुख जतवली 

भाजपा सांसद हिमाचल के मंडी में बादल फटला से भइल तबाही पs दुख जतवली। उ कहली कि पहाड़ में रहेवाला लोग के जीवन कठिन बा। हर साल अइसन त्रासदी होला आ हिमाचल प्रदेश के जनता के जान-माल के नुकसान होला।

कंगना कहली कि प्रधानमंत्री मोदी आ केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह हर बात के रिपोर्ट लेके आश्वासन देले बाड़े कि राहत कोष के माध्यम से आउर मदद दिहल जाई। अलग अलग मंत्रियन से भेंट करब आ बेसी से बेसी मदद मांगब।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]