[the_ad_group id="30365"]

नीतीश कैबिनेट में कांग्रेस के दु गो आउर विधायक हो सकत  बा लो सामिल:राहुल गांधी सीएम से कइलें बाड़ें मंत्रिमंडल विस्तार पs बात, जानीं कवना नामन के बा चरचा 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नीतीश कैबिनेट में कांग्रेस कोटा से दु गो आउर विधायक सामिल होई लो। एकरा के लेके जलदिये विस्तार कइल जाई। 23 जून के भइल विपक्षी एकता बैठक में राहुल गांधी आ नीतीश कुमार के बीच मंत्रिमंडल विस्तार पs बात भइल बा। एकरा बाद कोटा बढ़ावे पs सहमति बनल।

वर्तमान में कांग्रेस कोटा से दु गो मंत्री बा लो, जेमे आफाक आलम आ मुरारी गौतम सामिल बा लो। एमे आफाक मुस्लिम तs मुरारी दलित चेहरा हवे।

दु गो आउर लोग मंत्रिमंडल में होई सामिल: असित नाथ तिवारी

कांग्रेस प्रवक्ता असित नाथ तिवारी कहलें कि कांग्रेस कोटा से दुगो आउर लोग मंत्रिमंडल में सामिल होई। राहुल गांधी मुख्यमंत्री नीतीश कुमार से बात कइले बाड़ें। जल्दिये मंत्रीमंडल के विस्तार होई आ कांग्रेस से दु विधायक मंत्रिमंडल के हिस्सा होई लो।

कांग्रेस के लगे 19 विधायक

कांग्रेस के 19 विधायक बा लो। कांग्रेस विधायकन के संख्या बल के हिसाब से दु गो आउर मंत्री पद के मांग कs रहल बिया। हालांकि, सीएम नीतीश कुमार आ डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव  कहले रहे लो कि एगो आउर मंत्री पद कांग्रेस के दिहल जाये के बा, बाकिर विपक्षी एकता के बैठक के बाद कहल जा रहल बा कि कांग्रेस के दु गो आउर मंत्री पद दिहल जाई। ई लगभग तय हो गइल बा।

एह नामन के चरचा सबसे जादे 

दु मंत्री पद के खातिर कांग्रेस में जवन नामन के चरचा सबसे जादे बा ओमे आनंद शंकर, विजेंद्र चौधरी, समीर सिंह, विजय शंकर दुबे आ डॉ. मदन मोहन झा सामिल बा लो। आनंद शंकर आ समीर सिंह राजपूत तs विजेंद्र चौधरी पिछड़ा जाति से आवेला लो। ओहिजा, विजय शंकर दुबे आ डॉ. मदन मोहन झा ब्राह्मण हs लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]