[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में बदमाश जुवक के मरलें सs गोली : जेकरा के टॉरगेट कइलें सs, ओकरा ना लागके राहगीर के लागल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में बदमाशन द्वारा एगो युवक पs फॉयरिंग भइल। बाकिर, बदमाशन के निशाना चूक गइल आ गोली जुवक के ना लागके ओकर पड़ोसी के लाग गइल, जवन ओह रास्ता से गुजरत रहे। जवना के गोली लागल उहो ओहिजे के रहे वाला रहे। गोली लगातही जुवक जमीन पs गिरके तड़पे लागल। ई देख बदमाश उहां से भाग निकलले सs।

घटना कोतवाली इलाका के दक्षिणी हुमांयुपुर में अतवार रात 10 बजे के हs। ओहिजा, पुरान रंजिश के लेके जुवक पs गोली चलावल जाये के बात सामने आवत रहे। घटना के जानकारी मिलतही पुलिस मवका पs पहुंच गइल आ जांच पड़ताल सुरू कs देलस। बाद में SP सिटी कृष्ण कुमार बिश्नोई मवका पs पहुंच गइलें। घायल के जिला अस्पताल ले आवल गइल, आ डॉक्टर लोग रेफर कs के मेडिकल कॉलेज भेज दिहल।

बहिन से छेड़खानी करत रहे हमलावर

कोतवाली इलाका के हुमांयुपुर दक्षिणी के रहे वाला प्रिंस कुशवाहा बतवलस , “हमार बहिन ढाई-तीन साल पहिले सिलाई सीखे जात रहे। उहवें रास्ता में पड़े वाला साहिल कनौजिया नाम के जुवक पढ़त रहे। साहिल जवन तिवारीपुर इलाका के माधोपुर के रहे वाला बा। ऊ अक्सर हमार बहिन के संगे छेड़छाड़ करत रहे। जवना के लेके ओह समय विवादो भइल रहे।”

ममिला ओह समय शांत हो गइल रहे। बकिर आज अतवार के हम सड़क पs खडा रहनी तब साहिल कनौजिया, अमन साहनी, आनंद साहनी वसीम आउर जुवक दुगो बाइक से अइले सs आ हमरा से मारपीट करे लगले सs।”

प्रिंस पुलिस के बतवलस, “एह दौरान ऊ असलहा निकाल लेलस जेकरा के देखके हम भागे लगनी। एह बीच ऊ असलहा से फायर कs देलस। बाकिर हम बच गइनी आ उहां से गुजर रहल माखन यादव के गोली लाग गइल। गोली चलावे के बाद हमलावर जवन दुर्गाबाड़ी के तरफ से आइल रहले सs, गंगेज के तरफ फरार हो गइलें सs।”

घायल माखन के जिला अस्पताल ले जाइल गइल। जहां डॉक्टर लोग ममिला गंभीर देख के मेडिकल कॉलेज रेफर कs दिहल। घटना के जानकारी मिलतही कोतवाल पुलिस फोर्स घटनास्थल पहुंच गइल आ छानबीन सुरू कs देलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]