[the_ad_group id="30365"]

मुंबई से लखनऊ जा रहल पुष्पक एक्सप्रेस ट्रेन से गिरके 5 गो यात्रियन के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सोमार के दिने मुंबई के एगो लोकल ट्रेन में एगो बड़हन हादसा हो गइल. चलत ट्रेन से आठ यात्री रेल पटरी पs गिर गईले, जवना में से पांच यात्री के मउत हो गईल। सेंट्रल रेलवे के कहनाम बा कि इs दुर्घटना दिवा-कोपर रेलवे स्टेशन के बीच भईल।

सेंट्रल रेलवे के कहनाम बा कि कुछ यात्री छत्रपति शिवाजी महाराज टर्मिनस (सीएसएमटी) के ओर जात स्थानीय ट्रेन में सफर करत रहले। मुंबरा स्टेशन के नजदीक ट्रेन से कुछ यात्री गिर गईले। जादा भीड़ के चलते यात्री के गिरे के कारण बतावल जाता।

एs घटना के जानकारी मिलला के बाद रेल प्रशासन अवुरी पुलिस मौका पs पहुंचल। घाही लोग के तुरंत पास के अस्पताल पहुंचावल गईल। मामला के जांच कईल जाता। एs घटना के चलते स्थानीय सेवा प्रभावित भईल बा।

शुरुआती जांच में पता चलल कि ट्रेन में बहुत भीड़ रहे, जवना के चलते इs यात्री ट्रेन के दरवाजा पs लटक के सफर करत रहले। एह घटना के कुछ वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा। एs सभ में यात्री के ट्रेन से गिरत देखाई देता। एह यात्रियन के पटरी से उठा के प्लेटफार्म पs ले आवल गइल. इs यात्री गंभीर रूप से घायल हो गईले अवुरी उनुकर कपड़ा फाट गईल। मरेवाला लोग के पहचान हो रहल बा। मरेवाला सभे के उमर 30 से 35 साल के बीच बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे:  अगर रउरा के दिन भर भूख ना लागेला तs इs योग नियमित रूप से करीं

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]