सुलतानपुर। बल्दीराय के सुखबड़ेरी के लागल पूर्वांचल एक्सप्रेसवे प बुध के बिहान एगो दर्दनाक सड़क हादसा हो गइल। माइलस्टोन 97.5 के लागल तेज रफ्तार कार अनियंत्रित होके खड़ा ट्रक में पीछे से जा घुसल।
हादसा में कार में सवार देवरिया निवासी तीन खिलाड़ी के मौत हो गइल, जबकि तीन घायल लोगन के अयोध्या में इलाज चल रहल बा।
टक्कर एतना जोरदार रहल कि अर्टिगा कार बुरी तरह से क्षतिग्रस्त हो गइल आ ओह में सवार लोग फंस गइल। राहगीर आ यूपीडा के सुरक्षाकर्मी लोग कड़ा मेहनत के बाद कार के गेट तोड़ के घायलन के बाहर निकाललें। सभे घायलों के एंबुलेंस से अयोध्या मेडिकल कॉलेज भेजल गइल। उहाँ डॉक्टर लोग जांच के बाद तीन लोगन के मृत घोषित कर दिहलें।
मरे वाला लोगन के पहचान नित्या प्रजापति (22), इरफान अंसारी (20) आ अनिकेत (24) के रूप में भइल बा। बतावल गइल कि सभे लखनऊ से देवरिया जात रहलें।
हादसा के सूचना मिलते ही एसडीएम बल्दीराय प्रभात सिंह, पुलिस आ यूपीडा के टीम मौका पर पहुंच गइल। पुलिस मरे वाला लोगन के शव कब्जा में लेके पोस्टमार्टम के कार्रवाई शुरू कर दिहले बा। हादसा के कारणन के जांच पड़ताल कइल जा रहल बा।







No comments yet. Be the first to comment!