[the_ad_group id="30365"]

मोदी सरनेम केस- राहुल से पहिले सुप्रीम कोर्ट पहुंचलें पूर्णेश: कहलें- हमरो के सुनल जाव, गुजरात HC राहुल के सजा बरकरार रखले रहे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राहुल गांधी के खिलाफ मानहानि के शिकायत करे वाला भाजपा विधायक पूर्णेश मोदी बुध के सुप्रीम कोर्ट में कैविएट दाखिल कइले बाड़ें। ऊ कोर्ट से मोदी सरनेम ममिला में राहुल के पक्ष के संगे-संगे ओकरो पक्ष सुने के अपील कइले बाड़ें।

पूर्णेश के कहनाम बा कि जदि राहुल गुजरात हाईकोर्ट के फैसला के खिलाफ सुप्रीम कोर्ट में याचिका दायर कइले बाड़ें तs कोर्ट के उनकरो पक्ष के सुने के चाहीं। बिना केहू के पक्ष सुनलें कवनो आदेस जारी ना कइल जाये।

हालांकि, अभी तक राहुल सुप्रीम कोर्ट नइखन गइल, बाकिर ऊ जल्दिये सुप्रीम कोर्ट के दरवाजा खटखटा सकत बाड़ें। मानहानि केस में 23 मार्च 2023 के सूरत के सेशन कोर्ट राहुल गांधी के 2 साल के सजा सुनवले रहे। हालांकि, एह फैसला के 27 मिनट बाद उनका जमानत मिल गइल रहे। एकरा अगिला दिन 24 मार्च के राहुल के सांसदी चल गइल रहे।

राहुल गांधी के याचिका हाईकोर्ट खारिज कs चुकल बा 

7 जुलाई के गुजरात हाईकोर्ट मानहानि केस में राहुल के 2 साल के सजा पs रोक लगावे से इनकार कs देलस। हाईकोर्ट कहलस- एह केस के अलावे राहुल के खिलाफ कम से कम 10 केस पेंडिंग बा। अइसन में सूरत कोर्ट के फैसला में दखल देला के जरूरत नइखे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]