[the_ad_group id="30365"]

लुधियाना में गैस रिसाव से 11 के मौत: जे केहू आगे बढ़ल… ऊ गिरल आ मर गइल, स्वास्थ्य मंत्री कइलें घटनास्थल के दौरा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गैस रिसाव से 11 लोगन के मौत के बाद पंजाब के स्वास्थ मंत्री डॉ. बलवीर सिंह तुरंत लुधियाना पहुंचलें। सिविल अस्पताल में स्वास्थ मंत्री के आवे के सूचना पs तुरंत सुरक्षा व्यवस्था कड़ा कइल गइल। स्वास्थ्य मंत्री डॉ. बलबीर सिंह पहिले सिविल अस्पताल पहुंचलें आ ऊ अस्पताल में उपचार करा रहल घायलन के हाल जनलें। ऊ घायलन से बातचीतो कइलें आ सबेरे हादसा के पूरा जानकारी लेलें। एकरा बाद ऊ सिविल सर्जन से बात कइलें आ इलाज करे वालन डॉक्टरन से पूरा रिपोर्ट जनलें। एह दौरान ऊ बेहतर इलाज करे के निरदेसो देलें।

स्वास्थ्य मंत्री डॉ. बलबीर सिंह घटनास्थल के दौरा कइलें। ऊ दूध के दुकान के लगहु पहुंचलें। सीवरेज के मेन होल के देखलें। एकरा बाद डिप्टी कमिश्नर सुरभि मलिक आ पुलिस कमिश्नर मंदीप सिंह सिद्धू से बात कआईलेन। ऊ कहलें कि सरकार पहिलही मृतकन के परिजनन के दु-दु लाख रुपिया आ घायलन के 50 हजार रुपिया मुआवजा के एलान कइलें बाड़ें। दुख के घड़ी में ऊ पीड़ित परिवान के संगे बाड़ें। सरकार जांच के आदेस पहिलही जारी कs देले बिया।

प्रत्यक्षदर्शी लोग बतावल पूरा कहानी

घटनास्थल से 200 मीटर के दूरी पs रहे वाला शिवम सिंह बतवलें कि पहिले सोचनी कि ओवरफ्लो के बदबू बा। एक दिन पहिले बरखा भइल रहे तs सीवरेज ओवरफ्लो हो गइल होई बाकिर जब लोगन के गिरत देखलें तs ऊ हैरान रह गइलें। उनका हिम्मत ना पड़ल कि ऊ आगे जाके केहू के बचा सकस काहेकि जे केहू आगे जात रहे ऊ गिरत रहे। एकरा बाद ऊ प्रशासन के फोन कइलें। अरविंद चौबे बतवलें कि अतवार के छुट्टी के कारण संघतिया लोगन के संगे क्रिकेट खेले जानी, आगे देखनी तs भीड़ रहे आ लोग सड़क पs गिरल पड़े रहे।

ऊ सोचलें कि एक्सीडेंट हो गइल बा। बाकिर जब ऊ बाहर निकललें तs ऊनको दिक्कत होखे लागल रहे। ऊ कपड़ा से मुंह ढक लेलें आ खुद के बचाव कs के तुरंत पुलिस प्रशासन के सूचना देलें। ऊ कहलें कि पुलिस के मुलाजिम आवतही दुकान के भीतर गइलें तs ऊहो बाहर निकलत निकलत गिर गइलें। उनका के साथी लोग तुरंत अस्पताल पहुंचावल।

अज्ञात व्यक्ति के खिलाफ पुलिस दर्ज कइलस गैर-इरादतन हत्या के ममिला

थाना साहनेवाल पुलिस एह ममिला में अज्ञात व्यक्ति के खिलाफ गैर-इरादतन हत्या के ममिला दर्ज कइले बिया। शिकायत के मोताबिक इंडस्ट्रियल इलाका होखे के कारण अक्सर औद्योगिक अपशिष्ट (कचरा) सीवरेज में फेंक दिहल जाला। अइसन कs के कुछ फेक्ट्री वाला गैर-कानूनी तरीका से एकर निपटारा करेला लो। कवनो व्यक्ति गैर-कानूनी तरीका से केमिकल डलले बा। एह कारण जहरीली गैस बनल आ टूटल सीवरेज मेन होल से गैस के रिसाव भइल

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]