[the_ad_group id="30365"]

PMO में डिप्टी सेक्रेटरी बनले… बताके करत रहे ठगी, फर्जी IAS के पुणे क्राइम ब्रांच दबोचलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उ व्यक्ति पीएमओ  के अधिकारी के रूप में बहुत सरकारी अवुरी गैर सरकारी कार्यक्रम में पहुंचत रहले अवुरी स्थानीय प्रशासन अवुरी लोग के बतावत रहले कि उ गुप्त विशेष दौरा पे बाड़े।

उ आदमी लोग के आपन नाम डॉ. विनय देव बतावत रहले अवुरी कहत रहले कि उ प्रधानमंत्री कार्यालय (पीएमओ) में काम करतारे। अयीसन जानकारी देके उ जनता के भरोसा जीतत रहले। आरोपी अंग्रेजी-हिंदी समेत कई भाषा में भी जानकार रहे। अयीसना में उनुकर बॉडी लैंग्वेज देख के लोग उनुका पे विश्वास करत रहले। उ बहुत दिन तक लोग के धोखा देत रहले।

सबसे जरूरी बात इ बा कि उ कई गो सरकारी अवुरी गैर सरकारी कार्यक्रम में पीएमओ के अधिकारी के रूप में पहुंचत रहले अवुरी स्थानीय प्रशासन अवुरी लोग के बतावत रहले कि उ गुप्त विशेष दौरा प बाड़े, लेकिन उनुकर चाल उल्टा हो गईल। ई व्यक्ति पुणे के औंध में लैश वर्ल्ड फाउंडेशन के एगो कार्यक्रम में पहुँचल। एह आयोजन में जम्मू कश्मीर में सहायता अभियान खातिर एम्बुलेंस के उद्घाटन भइल।

पुणे पुलिस के क्राइम शाखा दस्तावेज मंगले

वासुदेव नाम के इ व्यक्ति कार्यक्रम में पहुंच के अपना के दिल्ली में काम करेवाला अधिकारी बतवले, जवन कि पीएमओ में उप सचिव बाड़े। ए दौरान कुछ लोग के शक हो गईल, एहसे उ लोग स्थानीय पुलिस के सूचना देले। जानकारी पे पुणे पुलिस के क्राइम ब्रांच उहाँ पहुंच के वासुदेव निर्वित्ती तायड़े उर्फ डॉक्टर विनय देव के हिरासत में लेके दस्तावेज मंगले।

“पीएमओ में अयीसन कवनो आदमी काम नईखे करत” उनुका लगे आईडी कार्ड अवुरी कुछूओ ना रहे। ओकरा बाद वरिष्ठ अधिकारी से संपर्क कईल गईल अवुरी पीएमओ कार्यालय में काम करेवाला अधिकारी के जानकारी दिहल गईल, फेर पाता चलल कि अयीसन कवनो आदमी पीएमओ में काम नईखन करत। आरोपी के तुरंत गिरफ्तार क लिहल गईल। मूल रूप से आरोपी महाराष्ट्र के भूसावल निवासी हवे। उनकर मकसद का रहे, कइसे धोखा कइल आ आयोजनन में काहे गइल, एकर जांच हो रहल बा।

 

साभार- इंडिया टीवी

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]