छठ पूजा पs दिल्ली में रही सार्वजनिक अवकाश, एलजी के चिट्ठी के बाद सीएम आतिशी के फैसला

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 1, 2024

दिल्ली सरकार के ओर से छठ पूजा के मवका पs सात नवंबर के सार्वजनिक अवकाश के घोषणा कइल गइल बा। दिल्ली के मुख्यमंत्री आतिशी मुख्य सचिव के पत्र लिखके सार्वजनिक अवकाश घोषित करे के कहले

Share

एलजी वीके सक्सेना आ मुख्यमंत्री आतिशी - फोटो : एएनआई

दिल्ली सरकार के ओर से छठ पूजा के मवका पs सात नवंबर के सार्वजनिक अवकाश के घोषणा कइल गइल बा। दिल्ली के मुख्यमंत्री आतिशी मुख्य सचिव के पत्र लिखके सार्वजनिक अवकाश घोषित करे के कहले बाड़ी। ऊ लिखली- छठ पूजा दिल्ली के लोगन खातिर एगो महत्वपूर्ण त्योहार हs। एकरा अनुसार, दिल्ली सरकार सात नवंबर 2024 के ‘छठ पूजा’ के अवसर पs सार्वजनिक अवकाश घोषित करे के निर्णय लेले बिया।

एकरा पहिले, दिल्ली उपराज्यपाल विनय कुमार सक्सेना मुख्यमंत्री आतिशी के पत्र लिखके छठ पूजा के अवसर पs 7 नवंबर, 2024 के सार्वजनिक अवकाश घोषित करे खातिर फाइल आगे बढ़ावे के निहोरा कइले रहस।

ऊ चिट्ठी में लिखलें- कुछे दिन में हमनी के छठ मना रहल होखेम सs। आस्था के ई महापरब चार दिन तक मनावल जाला, जेमे तीसरा दिन जब अस्ताचल सूर्य भगवान के अर्घ्य अर्पित कइल जाला, सबसे महत्वपूर्ण होला।

अवकाश के फाइल आगे बढ़ावे के कइलें आग्रह

ऊ लिखलें- एह साल 7 नवंबर के पड़े वाला ई दिन पहिलही से रिस्ट्रिक्टेट अवकाश के रूप में घोषित बा। हमार निहोरा बा कि सरकार 7 नवंबर 2024 (बियफे) के पूर्णकालिक अवकाश के रूप में घोषित करे आ एकरा से संबंधित फाइल जल्दी से जल्दी प्रेषित कइल जावs।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.