[the_ad_group id="30365"]

PU Student Union Election खातिर तइयारी पूरा, एह बूथन के घोषित कइल गइल संवेदनशील

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

PU Student Union Election के होई विजेता, केकरा माथे सजी ताज, एकर फसीला सनीचर के हो जाई। 19 नवंबर के छात्र संघ चुनाव के लेके पीयू के ओर से तइयारी पूरा क लिहल गइल बा। सीसीटीवी से हर बूथ के निगरानी होई। एकरा संगही विदियोग्राफियो करावल जाई। पांच सेंट्रल पैनल अध्यक्ष, उपाध्यक्ष, सचिव, महासचिव आ कोषाध्यक्ष आ 26 काउंसेलर समेत 31 पदन खातिर चुनाव होई। वोटिंग सबेरे आठ बजे से सुरू हो जाई, जवन दु बजे तक चली।

सीसीटीवी से होई निगरानी

चुनाव के दौरान हर बूथ के निगरानी सीसीटीवी कैमरा से होई। एकरा अलावे काउंटिंग के वीडियोग्राफियो करावल जाई। मतगणना कला आ शिल्प महाविद्यालय में साँझ चार बजे से सुरू हो जाई। चुनाव के लेले सुक के सब कर्मचारियन आ अधिकारियन के ट्रेनिंग दिहल गइल। प्रशासन के साथे देर साँझ पीयू अधिकारियन के बैठक भइल। बैठक समाप्त होखला के बाद देर रात तक कॉलेजन में बैलेट बॉक्स आ पेपर पहुंचावल गइल। जवन जवना पद के बक्सा होई, ओमे ओह पद के नाम लिखल होई आ ओहपर संबंधित बैलेट पेपर के कॉपी लागल होई। जेमे क्रमांक के संगे सब प्रत्याशियन के नाम लिखल होई। हर पद खातिर अलग-अलग कलर के बैलेट पेपर होई।

वोट खातिर क्रास करी, टिक कइला प वोट कैंसिल होई

वोट करे खातिर क्रास करे के होई। क्रास ब्लू-ब्लैक बॉल पेन से करे के बा। एकरा अतिरिक्त कवनो आउर रंग के स्याही भा पेंसिल के प्रयोग ना कइल जा सकी। कवनो आउर चिह्न के प्रयोग वर्जित बा आ अइसन कइलो प वोट रद्द हो जाई। पीयू में धारा 144 लागू बा। हर बूथ प सुरक्षा के व्यापक इंतजाम कइल गइल बा। कवनो छात्र के कवनो परेशानी ना होखे एकर धेयान रखल जा रहल बा। कवनो समस्या होखला प छात्र प्राचार्य भा चुनाव पदाधिकारी से संपर्क कs सकी लो। प्रत्याशी भा प्रतिनिधि के सोझा होखले प बैलेट बॉक्स के सील कइल जाई। पटना यूनिवर्सिटी में जब वोटिंग हो जाई तब हर जगह बैलेट बॉक्स के प्रत्याशी भा ओकरा प्रतिनिधि के सामने सील कइल जाई।

पटना कॉलेज अति संवेदनशील बूथ

सुक के पटना कॉलेज के लगे छात्रन के दु गुटन में जम के मारपीट भइल। लड़ाई वर्चस्व के लेके भइल। बम तक फोड़ल गइल। इस्थिति गंभीर देख के पटना कॉलेज में भारी संख्या में महिला आ पुरुष पुलिस बल के भेजल गइल बा। गौर करे आला बात बा कि छात्रन के दु गो गुट पिछला तीन दिनन से लगातार मारपीट कर रहल बा। चुनाव में वर्चस्व के लड़ाई के लेके लगातार मारपीट हो रहल बा। पटना कॉलेज के अति संवेदनशील बूथ घोषित कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]