Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

pTron लॉन्च कइलस कॉलिंग वाला स्मार्टवॉच, इनबिल्ट गेमो मिली,कीमत 12 सौ रुपया से भी कम बा

pTron Force X12N में हेल्थ फीचर्स के तउर पs हार्ट रेट ट्रैकिंग, डेली एक्टिविटी ट्रैकिंग, ब्लड ऑक्सीजन ट्रैकर आ ब्रिदिंग एक्सराइज शामिल बा। कनेक्टिविटी खातिर pTron Force X12N में ब्लूटूथ 5.0 मिलत बा। एह वॉच के संगे कॉलिंग के भी सुविधा मिल रहल बा आ एकरा खातिर माइक आ स्पीकर बा।

2,707

घरेलू कंपनी pTron  आपन नएका स्मार्टवॉच pTron Force X12N के लॉन्च कई देले बा। pTron Force X12N के खासतरह पs ओह लोग खातिर पेश कइल गइल बा जे कम कीमत में कॉलिंग आ स्टाइलिश स्मार्टवॉच चाहत बा। pTron Force X12N के संगे इनबिल्ट गेमो मिली। एकरा अलावा एकर बॉडी मेटल के बा।

pTron Force X12N के जहां तक कीमत  के बात बा तs उ एकदम कम रखल गइल बा।एह वॉच के शुरुआती कीमत 1,199 रुपया राखल गइल बा । एकरा संगही  1.85 इंच के एचडी स्क्रीन बा जवना पs 2.5D कर्व्ड ग्लास के प्रोटेक्शन ला बा। वॉच के संगे एगो रोटेटेबल क्राउनो  मिलता बा। pTron Force X12N के संगे 130+ वॉच फेसेज मिलत बा आ एकर बैटरी के लेके 5 दिनन के बैकअप के दावा कइल गइल बा।

pTron Force X12N में हेल्थ फीचर्स के तउर पs हार्ट रेट ट्रैकिंग, डेली एक्टिविटी ट्रैकिंग, ब्लड ऑक्सीजन ट्रैकर आ ब्रिदिंग एक्सराइज शामिल बा। कनेक्टिविटी खातिर pTron Force X12N में ब्लूटूथ 5.0 मिलत बा। एह वॉच के संगे कॉलिंग के भी सुविधा मिल रहल बा आ एकरा खातिर माइक आ स्पीकर बा।

pTron Force X12N में रवा 8 गो फेवरेट कॉन्टेक्ट सेव कई सकत बानी। pTron Force X12N से रवा फोन के कैमरा आ फोन में बाज रहल म्यूजिक के कंट्रोल कई सकत बानी। pTron Force X12N के संगे सिलिकॉन स्ट्रैप मिलत बा। pTron के एह वॉच के आईओएस आ एंड्रॉयड हर तरह के फोन के संगे इस्तेमाल कइल जा सकत बा ।

pTron Force X12N के कार्बन ब्लैक, गोल्ड ब्लैक, ब्लेजिंग ब्लू आ शैंपेन पिंक कलर में खरीदल जा सकत बा। ई स्मार्टवॉच अमेजन पs मिल रहल बा। वॉटर रेसिस्टेंट  खातिर एह घड़ी के IP68 के रेटिंग मिलल बा।
467340cookie-checkpTron लॉन्च कइलस कॉलिंग वाला स्मार्टवॉच, इनबिल्ट गेमो मिली,कीमत 12 सौ रुपया से भी कम बा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.