[the_ad_group id="30365"]

इमरान खान के गिरफ्तारी के बाद रावलपिंडी में पाकिस्तानी सेना के मुख्यालय में घुसले प्रदर्शनकारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

पाकिस्तान के पूर्व प्रधानमंत्री इमरान खान के गिरफ्तारी के बाद उनुकर समर्थक बहुत नाराज बाड़े। एनआईए के मुताबिक, अपना नेता के गिरफ्तारी से नाराज समर्थक मंगलवार के रावलपिंडी में पाकिस्तान सेना के मुख्यालय में घुस गईले। इमरान खान के समर्थकन के सेना मुख्यालय में घुसे के वीडियो भी सामने आइल बा। एह वीडियो में उनकर समर्थक हाथ में लाठी लेके देखल जा रहल बाड़े। रउरा सभे के बता दी कि इमरान खान के मंगल के दुपहरिया में पाकिस्तानी रेंजर गिरफ्तार क लिहले रहुवे। तब से पाकिस्तान के कई शहरन में उनकर समर्थक प्रदर्शन करत रहलें।

पाकिस्तान से इमरान खान समर्थकन के सेना मुख्यालय में घुसे के एगो वीडियो सामने आइल बा जवना में प्रदर्शनकारी सेना मुख्यालय के गेट खोल के भीतर घुसत लउकतबाड़े। प्रदर्शनकारी के हाथ में लाठी लउकत बा। एकरा संगे सबसे अचरज के बात इ बा कि ए वीडियो में सेना मुख्यालय के गेट पे कवनो सुरक्षाकर्मी नईखन देखाई देत।

रेंजर कोर्ट पे कब्जा

पाकिस्तान तहरीक-ए-इंसाफ के अध्यक्ष इमरान खान के घूसखोरी के आरोप में अदालत में पेश भइला पे रेंजर्स गिरफ्तार कर लिहलस। उनुकर वकील फैसल चौधरी इ बात कहले। सूचना मंत्री रहल आ पीटीआई के उपाध्यक्ष फवाद चौधरी कहले कि अदालत में रेंजर के कब्जा बा आ वकीलन के यातना दिहल जाता ।

Imran Khan Arrested: इमरान खान के गिरफ्तारी के बाद पाकिस्तान में भारी बवाल, सरकार यूट्यूब, फेसबुक आ ट्विटर पे लगइलस पाबंदी लाग गइल बा। पूर्व पीएम इमरान खान के गिरफ्तारी के बाद पूरा पाकिस्तान में ट्विटर, फेसबुक अवुरी यूट्यूब बंद हो गईल। पूरा पाकिस्तान में इंटरनेट बंद बा।

अल कादिर ट्रस्ट केस में गिरफ्तारी

इस्लामाबाद पुलिस के आधिकारिक ट्विटर अकाउंट के मुताबिक- अल कादिर ट्रस्ट मामला से जुड़ल भ्रष्टाचार के मामला में इमरान खान के गिरफ्तार क लिहल गईल बा।

साभार- abp न्यूज़

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]