[the_ad_group id="30365"]

DDU News: प्रोफेसर पूनम टंडन संभरली गोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलपति के कार्यभार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

DDU News: सुप्रसिद्ध वैज्ञानिक आ शिक्षाविद प्रो० पूनम टंडन सोमार के दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलपति के कार्यभार ग्रहण कइली। प्रो० टंडन आजादी के बाद स्थापित उत्तर प्रदेश के पहिला राज्य विश्वविद्यालय के 39वी कुलपति हई आ दूसरका महिला कुलपति हई।

प्रोफेसर पूनम टंडन प्रोफेसर राजेश सिंह से कार्यभार ग्रहण कइली। एह अवसर पs प्रोo टंडन निवर्तमान कुलपति प्रो० राजेश सिंह के प्रति आभार व्यक्त करत कहली कि रउआ हमरा के ए प्लस प्लस विश्वविद्यालय देले बानी। प्रो. पूनम टंडन के लगभग 32 बरिस के लमहर करियर कइयन गो अकादमिक आ प्रशासनिक उपलब्धियन से भरल रहल बा।

प्रोफेसर टंडन अपना शोध आ शैक्षणिक कार्यकाल में ढ़ेरे सम्मान अर्जित कइले बाड़ी। उनका जर्मनी के प्रतिष्ठित अलेक्जेंडर वॉन हम्बोल्ट फेलोशिप सहित दर्जनन सम्मान मिलल बा। लगभग 32 पुस्तकन खातिर लेखन कार्य कइले बाड़ी। 250 से जादे शोध पत्र अलग-अलग अंतर्राष्ट्रीय आउर राष्ट्रीय पत्रिकन में प्रकाशित बा। 40 विधार्थी प्रो० टंडन के निर्देशन में शोध कार्य पूरा कइले बा लो। दर्जन भर से जादे रिसर्च प्रोजेक्ट प्रो० टंडन के नावे बा, जेमे फ्रांस, ब्राजिल, जर्मनी आ रूस से सम्बंधित अंतर्राष्ट्रीय स्तर के प्रोजेक्ट सामिल बा।

प्रो० पूनम टंडन लखनऊ विश्वविद्यालय के भौतिकी विभाग के अध्यक्ष, प्रभारी कम्प्यूटर सेंटर जइसन महत्त्वपूर्ण पदन के सकुशल निर्वहन कs चुकल बाड़ी। गोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलपति पद के दायित्व ग्रहण करे से पहिले प्रो० टंडन लखनऊ विश्वविद्यालय के अधिष्ठाता छात्र कल्याण आ अधिष्ठाता ऐकडेमिक रहली। एकरा अलावे ऊ उपक्रम (Uttar Pradesh center for ranking, accreditation and mentoring) के डायरेक्टर जनरल बाड़ी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]