[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: डीडीयू के हिंदी विभाग के अध्यक्ष बनलें प्रोफेसर कमलेश गुप्त

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में प्रो. कमलेश गुप्ता के हिंदी विभाग के अध्यक्ष नियुक्त कइल गइल बा। ऊ बुध के कार्यभार ग्रहण करिहें। चक्रानुक्रम के अनुसार 2021 में प्रो. कमलेश निलंबन के वजह से अध्यक्ष ना बन सकल रहस।

मंगर के कुलसचिव प्रो. शांतनु रस्तोगी के ओर से जारी आदेस में कहल गइल बा कि प्रो. कमलेश के कार्यकाल तीन बरिस खातिर होई। प्रो. कमलेश गुप्त दिसंबर 2021 में वरिष्ठता के चक्रानुक्रम में हिंदी के विभागाध्यक्ष बने वाला रहस। ओकरा पहिले 21 दिसंबर 2021 के तत्कालीन कुलपति प्रो. राजेश सिंह के खिलाफ वित्तीय अनियमितता के गंभीर आरोप लगावत सत्याग्रह सुरू कs देले रहस। ओहि दिन विश्वविद्यालय प्रशासन उनका के निलंबित कs दिहल गइल रहे।

प्रो. राजेश सिंह के कार्यकाल में ऊ तीन बेर निलंबित कइल गइलें। करीब 17 महीना से जादे समय तक उनका निलंबन झेले के पड़ल रहे। हाईकोर्ट के आदेश पs जून 2022 में बहाल भइलें तs फेर चार दिन बादे 28 जून के निलंबित कs दिहल गइल।

तीन महीना बाकी रहे प्रो. दीपक के कार्यकाल

वर्तमान अध्यक्ष प्रो. दीपक प्रकाश त्यागी स्वास्थ्य कारणन से अवकाश पs चल रहल बाड़ें। प्रो. त्यागी के कार्यकाल पूरा होखे में करीब साढ़े तीन महीना के समय रह गइल रहे। अचानक आइल एह आदेस के अप्रत्याशित मानल जा रहल बा। प्रो. कमलेश गुप्त के एक फरवरी 2024 के कार्य परिषद से बहाल कs दिहल गइल। ओकरा बदे से ऊ वरिष्ठता के आधार पs विभागाध्यक्ष पद के स्वाभाविक दावेदार रहस। अब उनका के हिंदी के विभागाध्यक्ष बनावल गइल बा।

न्याय खातिर जारी रहे के चाहीं प्रयास

विभागाध्यक्ष बनला के बाद प्रो. कमलेश गुप्त फेसबुक पs लिखले बाड़ें। न्याय के चाहत बनल रहे के चाहीं आ ओकरा खातिर प्रयास जारी रखे के चाहीं। एसे मानल जा रहल बा कि स्वाभाविक दावेदारी के लेके ऊ प्रयासरत रहस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]