[the_ad_group id="30365"]

केरल में लाइव टीवी शो में प्रोफेसर के मौत; दूरदर्शन पs सवालन के जवाब दत रहस, बोलत-बोलत कुर्सी पs लुढ़कलें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केरल के दूरदर्शन चैनल में एगो लाइव शो के दौरान एग्रीकल्चर एक्सपर्ट के मौत हो गइल। मृतक के पहचान डॉ. अनी एस दास (59 साल) के रूप में भइल बा। घटना सुक माने 12 जनवरी के हs। एकर वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा।

बतावल गइल कि डॉ. अनी सुक के सांझ करीब साढ़े छव बजे दूरदर्शन के कृषि दर्शन प्रोग्राम में भाग लेवे आइल रहस। शो के एंकर उनका से सवाल पूछलें। जवाब देवे के दौरान डॉ. अनी अचके चुप हो गइलें आ कुर्सी पs पीछे के तरफ झुक गइलें। एकरा बाद एंकर तुरंत ब्रॉडकास्ट बंद करे के कहलें।

चैनल के कर्मचारियन के मदद से एक्सपर्ट के अस्पताल ले जाइल गइल, बाकिर डॉक्टर उनका के मृत घोषित कs दिहल लो। अभी ले उनका मौत के वजह पता नइखे चलल। एहु बारे में जानकारी नइखे कि का ऊ कवनो गंभीर बेमारी से जूझत रहस।

केरल एग्रीकल्चरल यूनिवर्सिटी में प्रोफेसर रहल
डॉ. अनी एस दास कोल्लम जिला के रहे वाला रहस। ऊ केरल लाइवस्टॉक डेवलपमेंट बोर्ड (KLDB) के मैनेजिंग डायरेक्टर आ सेंटर फॉर बायोरिसोर्सेस एंड एग्रीकल्चरल सर्विसेज के एग्जीक्यूटिव डायरेक्टर रहस।

एकरा अलावा ऊ केरल एग्रीकल्चरल यूनिवर्सिटी के मन्नुथी कम्युनिकेशन सेंटर में प्रोफेसरो रहस। ऊ अक्सर दूरदर्शन पs एग्रीकल्चर से जुड़ल कार्यक्रमन में एक्सपर्ट के तौर पs सामिल होत रहस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]