प्रियंगका के गोल के मदद से भारत मिस्र के 1-0 हरवलस

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 7, 2022

प्रियंगका देवी के गोल से भारतीय महिला फुटबॉल टीम मंगलवार के जॉर्डन के प्रिंस मोहम्मद स्टेडियम में पहिले फ्रेंडली मैच में मिस्र की कम रैंकिंग वाली टीम के 1-0 से हरवलस. भारतीय टीम के ओर से ई

Share

प्रियंगका देवी के गोल से भारतीय महिला फुटबॉल टीम मंगलवार के जॉर्डन के प्रिंस मोहम्मद स्टेडियम में पहिले फ्रेंडली मैच में मिस्र की कम रैंकिंग वाली टीम के 1-0 से हरवलस. भारतीय टीम के ओर से ई प्रियंगका के पहिला गोल रहल. पहिले हाफ में भारतीय टीम दुनिया के 95वें नंबर के मिस्र के टीम के खिलाफ दबादबा बनवले के कोशिश कइलस. कप्तान आशालता देवी 18वें मिनट में अच्छा मूव बनवली लेकिन लमहर दूरी से मारल उनकर शॉट पर गेंद के कब्जा में लेवे वाली अंजू निराश कइली.

एकरे 2 मिनट बाद मनीषा के गोल कइले के बेहतरीन मौका मिलल लेकिन दालिमा के पास देहले पर दाहिने छोर से उनके शॉट के मिस्र के गोलकीपर रोक देहलस. भारत  लगातार हमला बोल के विरोधी टीम के दबाव में रखलस अउर एकर फायदा मेहमान टीम के 30वें मिनट में मिलल जब प्रियंगका उनके बढ़त दिया देहली जौन अंत में निर्णायक गोल साबित भइल.

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.