Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

प्राइम वीडियो के पंचायत कव्वाली मुकाबला बिहान 4 बजे दिन में

4,615

प्राइम वीडियो के चर्चित वेब सीरीज पंचायत के Panachayt कव्वाली मुकाबला बिहान दुपहरिया 4 बजे से प्राइम के सोसल मीडिया प्लेटफॉर्मन पs होई। एह मुकाबला में वेब सीरीज के प्रधान पति रघुबीर यादव आ प्रधान नीना गुप्ता के बीचे मुकाबला होई। दुर्गेश कुमार आ सुनीता राजवार के बीचे दुसरका मुकाबला होई।

बता दीं के अमेज़न प्राइम के खासा लोकप्रिय वेबसीरीज पंचायत के कलाकार लोगन के एह मनोरंजक मुकाबला के लेके दर्शकन में बहुते उत्साह देखल जा रहल बा। प्राइम एकर प्रसारण अपना सब सोसल मीडिया प्लेटफार्मन पs 7 अगस्त अतवार के 4 बजे दिन में करी।

तस्वीर साभार: primevideoin

 

306700cookie-checkप्राइम वीडियो के पंचायत कव्वाली मुकाबला बिहान 4 बजे दिन में

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.