[the_ad_group id="30365"]

Prabowo Subianto: राष्ट्रपति मुर्मू-PM मोदी से मिललें इंडोनेशियाई राष्ट्रपति, गणतंत्र दिवस में होइहें मुख्य अतिथि

इंडोनेशियाई राष्ट्रपति प्रबोवो सुबियांतो, राष्ट्रपति मुर्मू, पीएम मोदी - फोटो : ANI(Video Grab)
[the_ad_placement id="above-content"]

Share


सेंट्रल डेस्क : इंडोनेशिया के राष्ट्रपति प्रबोवो सुबियांतो आज राष्ट्रपति भवन के प्रांगण में राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू आ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से मुलाकात कइलें। ऊ पीएम मोदी से गला मिलले। सुबियांतो 76वां गणतंत्र दिवस समारोह में बतौर मुख्य अतिथि के रूप में सामिल होखे खातिर भारत आइल बाड़ें। ऊ बियफे के रात नई दिल्ली पहुंचलें, जहां एयरपोर्ट पs बिदेस राज्य मंत्री पावित्रा मार्गेरिटा उनकर स्वागत कइलें। प्रबोवो सुबियांतो गणतंत्र दिवस में मुख्य अतिथि के तौर पs हिस्सा लेवे वाला इंडोनेशिया के चउथा राष्ट्रपति हवे। इंडोनेशिया के पहिला राष्ट्रपति सुकर्णो 1950 में भारत के पहिले गणतंत्र दिवस समारोह के मुख्य अतिथि रहस।

एह समझौतन पs हो सकत बा बात

इंडोनेशिया भारत से ब्रह्मोस सुपरसोनिक क्रूज मिसाइलन के किने खातिर इच्छुक बा। अइसन में राष्ट्रपति सुबियांतो अपना एह यात्रा के दौरान ब्रह्मोस मिसाइलन खातिर चरचा जरूर करिहें। अतवार के इंडोनेशिया के 352 सदस्यीय मार्चिंग आ बैंड दल कर्तव्य पथ पs गणतंत्र दिवस परेड में भाग लिहें। ई पहिला बेर होई जब इंडोनेशिया के दल बिदेस में राष्ट्रीय दिवस परेड में सामिल होइहें।

पिछला कुछ बरिसन में भारत-इंडोनेशिया संबंधन में तेजी आइल बा। पीएम मोदी 2018 में इंडोनेशिया के यात्रा कइले रहस, एह दौरान भारत-इंडोनेशिया संबंधन के व्यापक रणनीतिक साझेदारी तक बढ़ावल गइल। प्रबोवो सुबियांतो एकरा पहिले प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से बातचीत कs चुकल बाडें। इंडोनेशिया में राष्ट्रपति चुनस गइला के बाद सुबियांतो पीएम मोदी के फोन कइले रहस। एह दौरान दुनो के बीच भारत-इंडोनेशिया के संबंधन के आगे बढ़ावे से लेके कूटनीतिक संबंधन के मजबूत करे पs बात भइल रहे। एकरा अलावा दुनो नेता 2024 में ब्राजील के रियो डी जेनेरो में जी-20 सम्मेलन के दौरान मुलाकातो कइले रहस।

दुनो देसन के बीच बेयपार

2018 में रक्षा सहयोग समझौता पs हस्ताक्षर के बाद दुनो देसन में द्विपक्षीय रक्षा आ सुरक्षा संबंधन में लगातार विस्तार देखल गइल बा। 2023 में भारत-इंडोनेशिया बेयपार के मात्रा 29.40 बिलियन अमेरिकी डॉलर दर्ज कइल गइल। इंडोनेशिया में बुनियादी ढांचा, बिजली, कपड़ा, इस्पात, मोटर वाहन, खनन, बैंकिंग आ उपभोक्ता सामान क्षेत्रन में भारतीय निवेश 1.56 बिलियन अमेरिकी डॉलर बा। इंडोनेशिया में भारतीय मूल के लगभग 150,000 व्यक्ति रहेला लो।

Read Also: Virender Sehwag: चर्चा में वीरेंद्र सहवाग? पत्नी आरती इंस्टा प्रोफाइल कइली प्राइवेट, अटकल तेज

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]