[the_ad_group id="30365"]

अतीक अहमद के बेटा के एनकाउंटर करे वाला पुलिसकर्मियन के मिली राष्ट्रपति वीरता पदक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

उमेश पाल हत्याकांड के आरोपी अतीक अहमद के बेटा असद आ शूटर मोहम्मद गुलाम से टकराए वाला पुलिसकर्मियन के राष्ट्रपति बहादुरी पदक मिल गइल बा. एकर एलान आजु हो गइल बा. जानकारी के मुताबिक सीओ नवेंदु सिंह अवुरी विमल कुमार सिंह के टीम के राष्ट्रपति बहादुरी के पदक दिहल गईल बा.

एसटीएफ के 6 सदस्य समेत 17 पुलिसकर्मी के राष्ट्रपति बहादुरी पदक दिहल जाई

जानकारी के मुताबिक 13 अप्रैल 2023 के झांसी में भईल मुठभेड़ में अतीक अहमद के बेटा असद अवुरी शूटर मोहम्मद गुलाम के हत्या करेवाला एसटीएफ टीम के 6 सदस्य के राष्ट्रपति बहादुरी के पदक मिल गईल बा। एकरा संगे यूपी पुलिस के 17 गो बहादुर पुलिसकर्मी के राष्ट्रपति बहादुरी के पदक दिहल जाई।

प्रेसिडेंट गैलेंट्री मेडल पाए वाला पुलिसकर्मियन के लिस्ट

जितेंद्र कुमार सिंह, इंस्पेक्टर

राकेश कुमार सिंह चौहान- सब-इंस्पेक्टर

अनिल कुमार- हेड कांस्टेबल

हरिओम सिंह- कांस्टेबल

जितेंद्र प्रताप सिंह- सब-इंस्पेक्टर

विपिन कुमार- कांस्टेब

विमल कुमार सिंह- डीएसपी

नवेंदु कुमार- डीएसपी

ज्ञानेंद्र कुमार राय- इंस्पेक्टर

अनिल कुमार सिंह- इंस्पेक्टर

सुनील कुमार-हेड कांस्टेबल

सुशील कुमार-हेड कांस्टेबल

राजीव चौधरी- इंस्पेक्टर

जयवीर सिंह- सब-इंस्पेक्ट

रईस अहमद-हेड कांस्टेबल

अरुण कुमार- कांस्टेबल

अजय कुमार- कांस्टेबल

बता दीं कि स्वतंत्रता दिवस 2024 के अवसर पs राष्ट्रपति पदक विशिष्ट सेवा/उत्कृष्ट सेवा खातिर पदक विजेता लोग के सूची बुधवार के जारी भइल।  बता दीं कि हर साल राष्ट्रपति के ओर से उल्लेखनीय काम करे वाला पुलिसकर्मी के राष्ट्रपति बहादुरी पदक दिहल जाला. एकरा खातिर राज्य सरकार राष्ट्रपति के सिफारिश भेजेले।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]