[the_ad_group id="30365"]

राष्ट्रपति चुनाव: शरद पवार के इनकार, अब के होई उम्मीदवार, एह नामन पs हो सकत बा विचार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राष्ट्रपति चुनाव में उम्मीदवारी के लेके राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी (NCP) के प्रमुख शरद पवार इस्थिति लगभग साफ कs देले बाड़े। ऊ सोमार के भइल बैठक में बतवले कि ऊ राष्ट्रपति पद खातिर विपक्ष के चेहरा नइखन। मानल जा रहल बा कि पवार एह दौड़ में सबसे आगे चलत रहस। ओहिजा, हाले में खबरे सामने आइल रहे कि कव गो छोट-बड़ सियासी दल उनका उम्मीदवारी के समर्थन कs रहल बा लो।

सोमार के एनसीपी के कैबिनेट सदस्यन के साथे पवार नबैठक कइले रहस। ऊ कहले, हम दौड़ में नइखीं, हम राष्ट्रपति पद खातिर विपक्ष के उम्मीदवार ना बनेम।’ खास बात ई बा कि एके दिन पहिले महाराष्ट्र कांग्रेस पवार के नाम पs समर्थन जतवले रहस। ओहिजा, अतवार के आम आदमी पार्टी के नेता संजय सिंह उनका से भेंट कइले रहस।

अब केकर-केकर नाम पs हो सकत बा विचार

मीडिया रिपोर्ट्स में सूत्रन के हवाले से बतावल जा रहल बा कि पवार के इनकार कइला के इस्थिति में जम्मू आ कश्मीर के पूर्व मुख्यमंत्री फारूक अब्दुल्ला के नाम पs विचार कइल जा सकत बा। एकरा अलावे पूर्व प्रधानमंत्री एचडी देवगौड़ा आ G-23 समूह के नेता गुलाम नबी आजाद के नाम सामने आ रहा बा।

ममता बनर्जी के बैठक के का?

पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी राष्ट्रपति चुनाव के लेके 15 जून के बैठक बुलवले बाड़ी। टाइम्स ऑफ इंडिया के रिपोर्ट के मोताबिक, एनसीपी सूत्र कहले, ‘अगर जरूरत पड़ल तs भाजपा के खिलाफ ताकतवर उम्मीदवार उतारे के कोशिश कs रहल बनर्जी के प्रयासन के मजबूत कइल जाई। ऊ बड़ विपक्षी दल के साथे समन्वय कइल चाहत बाड़े, जवना से बीजेपी खातिर राह आसान न होखे।’

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]