75 years of constitution: राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू जारी कइली ₹75 के सिक्का

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 26, 2024

  राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू मंगल के दिने संसद में देश के संविधान अपनावे के 75वां वर्षगांठ के मौका पs 75 रुपिया के स्मारक सिक्का आ डाक टिकट जारी कइलन. नई दिल्ली के संविधान भवन के

Share

राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू

 

राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू मंगल के दिने संसद में देश के संविधान अपनावे के 75वां वर्षगांठ के मौका पs 75 रुपिया के स्मारक सिक्का आ डाक टिकट जारी कइलन. नई दिल्ली के संविधान भवन के सेंट्रल हॉल में आयोजित एगो समारोह के दौरान इs ऐतिहासिक सिक्का जारी कईल गईल। संविधान दिवस पs संसद के दुनो सदन के संयुक्त बैठक के संबोधित करत मुर्मू कहली ‘संविधान एगो जीवंत अवुरी प्रगतिशील दस्तावेज हs.’ राष्ट्रपति संविधान के पहिला संस्कृत प्रति आ ओकर मैथिली संस्करण के भी अनावरण कईली।

₹75 के सिक्का
₹75 के सिक्का

संविधान हमनी के देश के सबसे पवित्र ग्रंथ हs

राष्ट्रपति मुर्मू कहली कि संविधान दिवस के शुभ अवसर पs रउरा सभे के बीच होके हमरा बहुते खुशी होखत बा. संविधान हमनी के देश के सबसे पवित्र ग्रंथ हs। हमनी के संविधान हमनी के लोकतांत्रिक गणतंत्र के मजबूत आधार हs। हमनी के संविधान हमनी के सामूहिक अवुरी व्यक्तिगत आत्मसम्मान सुनिश्चित करेला। हमनी के देश के विविधता के अभिव्यक्ति हमनी के संविधान सभा में मिलल। संविधान सभा में तमाम प्रांत आ क्षेत्र के प्रतिनिधि के मौजूदगी से अखिल भारतीय चेतना के स्वर मिलल।

दिसंबर में विआह पंचमी आ मोक्षदा एकादशी के साथे आई कई गो व्रत-त्योहार, ईहां देखी पूरा लिस्ट

मिलजुल के काम करीं

राष्ट्रपति मुर्मू कहली कि संविधान के भावना के मुताबिक कार्यपालिका, विधायिका अवुरी न्यायपालिका के जिम्मेदारी बा कि उs लोग मिल के आम जनता के जीवन आसान बनावे। उs कहली कि पछिला कुछ साल के दौरान सरकार समाज के सभ वर्ग, खास तौर पs कमजोर वर्ग के विकास खातीर कई कदम उठवले बिया। एह तरह के फैसला के चलते लोग के जिनिगी में सुधार भइल बा आ ओह लोग के प्रगति के नया मौका मिल रहल बा.

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.