Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP : लखनऊ में बिहान से लागी महामेला, इन्वेस्टर्स समिट आ जी-20 खातिर तइयारी पुख्ता

यूपीसीडा में अमेरिका, हांगकोंग, सिंगापुर आ संयुक्त अरब अमीरात से 90 हजार करोड़ रुपिया निवेश के 12 एमओयू साइन भइल बा। एकरा से 38 हजार लोगन के रोजगार मिली।

6,419

उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ में बिहान से महामेला लागी। बिहान से ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट सुरू हो रहल बा आ अगिला दिन से जी-20 के बैठकन के सिलसिलो सुरू होखे जा रहल बा। समिट तीन दिन चली आ जी-20 के बैठको लमहर चली।

ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट आ प्रदेश के चार कमिश्नरेट में प्रस्तावित जी-20 आयोजन के दौरान सुरक्षा के पुख्ता इंतजाम रही। एकरा खातिर 24 आईपीएस अधिकारी, 68 पीपीएस आ 5415 अराजपत्रित अधिकारी, कर्मचारी लगावल गइल बा लो।

एडीजी प्रशांत कुमार के मोताबिक 10 से 12 फरवरी तक लखनऊ कमिश्नरेट में ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट के आयोज होई। एकरा अलावे 11 चरणन मेंं कमिश्नरेट लखनऊ, आगरा, वाराणसी आ गौतमबुद्धनगर में 11 फरवरी से 27 अगस्त तक जी-20 के बैठक होखे के बा। लखनऊ में जी-20 के बैठक 13 से 15 फरवरी तक बा। एह सब खातिर पुख्ता तइयारी कइल गइल बा। सुरक्षा में एंटी ड्रोन सिस्टम के संगे कमांडो, अधिकारियन के अलावे 13 कंपनी पीएसी आ 3 कंपनी केंद्रीय सशस्त्र पुलिस बल (सीएपीएफ) के तैनात कइल गइल बा।

स्लीपिंग मॉड्यूल पs नजर, एटीएस स्पॉट टीम तैनात

आयोजन खातिर एटीएस स्पॉट टीमन के लगावल गइल बा। उप्र पुलिस के विशिष्ट ऑपरेशनल यूनिट्स जइसे एंटी टेरेरिस्ट स्क्वाड के अलर्ट करत दुर्दांत अपराधियन, स्लीपिंग मॉड्यूल आ माफिया तत्वन पs अभियान चलाके कार्रवाई खातिर निरदेस दिहल गइल बा। संगही सब विभागन के संगे समन्वय खातिर उच्चस्तरीय सिस्टम विकसित करत माइक्रोप्लान बनावल गइल बा। एही के अनुसार सुरक्षा आ यातायात व्यवस्था के संचालित करे खातिर, आपातकाल इस्थिति खातिर ऑपरेशनल कमांड कंट्रोल सेंटर स्थापित कइल गइल बा। हॉट स्पॉट चिह्नित कs के उहां प्रशिक्षित आ दक्ष महिला, पुरुष पुलिसकर्मियन के तैनात कइल गइल बा। ड्रोन कैमरन के निगरानी खातिर लगावल गइल बा।

यूपीसीडा के मिलल 3 लाख करोड़ के निवेश प्रस्ताव

उत्तर प्रदेश औद्योगिक विकास प्राधिकरण (यूपीसीडा) के ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट के तहत तीन लाख करोड़ रुपिया के निवेश प्रस्ताव मिलल बा। निवेशक लोग यूपी में होटल, वेयरहाउसिंग, लॉजिस्टिक पार्क, अस्पताल आ निर्माण यूनिट स्थापित करे खातिर एमओयू साइन कइले बा। निवेशकन के ओर से भूमि आवंटन के प्रस्ताव दिहल गइल बा। प्राधिकरण निवेश प्रस्ताव के अध्ययन कइला के बाद भूमि आवंटन के प्रक्रिया सुरू कs देले बा लो।

जीएसआई खातिर विदेशन के संगे देश के दूसरा प्रदेशन में आयोजित रोड शो आ प्रदेश के अलग-अलग जिलन में भइल निवेश सम्मेलन में यूपीसीडा के 3 लाख करोड़ रुपिया के निवेश प्रस्ताव मिलल बा। ई निवेश धरातल पs उतरला पs 9 लाख लोगन के रोजगार के अवसर मिली। यूपीसीडा के निवेश सम्मेलन के माध्यम से बरेली में 34,000, आगरा में 39,038, गाजियाबाद में 92,000, हापुड़ में 23000, प्रयागराज में 33703, कानपुर में 70,000 आ अयोध्या में 17,000 करोड़ रुपिया के निवेश एमओयू साइन भइल बा।

कन्नौज में इत्र पार्क के तइयारी तेज

यूपीसीडा कन्नौज में इत्र पार्क स्थापित करे के तइयारी तेज कs देले बा। इत्र पार्क खातिर निवेशकन के भूमि आवंटित कइल जा रहल बा। इत्र पार्क में बने वाला इत्र के बड़ मात्रा में बिदेसन में निर्यात कइल जाई। ओहिजा उन्नाव में ट्रांसगंगा हाइटेक सिटी के योजना पs काम सुरू हो गइल बा।

15 हजार एकड़ से बेसी लैंडबैंक तइयार

यूपीसीड निवेशकन के यूनिट स्थापित करे खातिर प्रदेश में 15 हजार एकड़ से अधिका भूमि पs लैंडबैंक तइयार कइल जाई। लैंड बैंक में करीब 2500 एकड़ भूमि आउर सामिल होई।

चार देसन से आई 90 हजार करोड़ के निवेश

यूपीसीडा में अमेरिका, हांगकोंग, सिंगापुर आ संयुक्त अरब अमीरात से 90 हजार करोड़ रुपिया निवेश के 12 एमओयू साइन भइल बा। एकरा से 38 हजार लोगन के रोजगार मिली।

दस राज्यन से आई 1.53 लाख करोड़ के निवेश

प्रदेश सरकार के ओर से देस के दस राज्यन के प्रमुख शहरन में रोड शो आयोजित कइल गइल रहे। रोड शो में 1.53 लाख करोड़ रुपिया निवेश खातिर 90 एमओयू साइन भइल। एकरा से 3.73 लाख लोगन के रोजगार मिली। 53 जिलन में आयोजित निवेश सम्मेलन में 3 लाख करोड़ रुपिया से बेसी के एमओयू साइन भइल बा। एसे 8.63 लाख लोगन के रोजगार मिली।

ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट के प्रोमो जारी

प्रदेश सरकार बुध के ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट के प्रोमो जारी कs देलस। राजधानी लखनऊ के वृंदावन विहार योजना में 10 से 12 फरवरी तक देस-बिदेस के निवेशक जुट रहल बा लो। सरकार एकरा खातिर व्यापक तइयारी कइले बा। प्रोमो में बतावल गइल बा कि समिट से यूपी के विकास के नया ऊंचाई मिली। समिट खातिर सोच से जादे बेहतर परिणाम सामने आइल बा। यूपी के नीतियन के निवेशक लोग सरहले बा। मैन्युफैक्चरिंग, हेल्थकेयर, कृषि, लॉजिस्टिक, फार्मास्युटिकल्स, एजुकेशन आ इंफ्रास्ट्रक्चर सहित कइयन सेक्टर में निवेश आइल बा। प्रोमो में बतावल गइल बा कि निवेश के योगी मॉडल निवेशकन के खींचे में सफल रहल बा।

यूपी के आबादी आ जीडीपी के सापेक्ष अच्छा निवेश मिलेगा : योगी

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहलें कि ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट-2023 में उत्तर प्रदेश के आबादी आ सकल घरेलू उत्पाद (जीडीपी) के सापेक्ष अच्छा निवेश मिली। मुख्यमंत्री ट्वीट कइले कि समिट में 25 सेक्टरन में होखे वाला निवेश प्रदेश के युवा के रोजगार खातिर अनंत संभावना पैदा करी। एसे युवा लोगन के देस के आउर जगहन पs नौकरी भा रोजगार खातिर ना जाये के पड़ी। ओहिजा एगो आउर ट्वीट में योगी कहलें कि स्टार्टअप स्थापित करे के चाह राखे वाला विद्यार्थियन के प्रधानमंत्री मुद्रा योजना, मुख्यमंत्री युवा स्वरोजगार योजना, ओडीओपी में दिहल जाये वाला सब्सिडी के जानकारी दिहल जाये के चाहीं।

उल्लेख करे जोग बा कि अब तक 23 लाख करोड़ रुपिया से अधिक के एमओयू साइन हो चुकल बा। यूपी के आबादी 24 करोड़ से जादे बा आ जीडीपी 23 लाख करोड़ अनुमानित बा। अइसन में मानल जा रहल बा कि ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट में निवेश के आंकड़ा 25 लाख करोड़ रुपिया से जादे पहुंच सकत बा।

455570cookie-checkUP : लखनऊ में बिहान से लागी महामेला, इन्वेस्टर्स समिट आ जी-20 खातिर तइयारी पुख्ता

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.