Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Budget Smartwatch से केतना अलग होला प्रीमियम स्मार्टवॉच, कीमत से लेके फीचर तक का बा दुनो में अंतर

प्रीमियम स्मार्टवॉच जइसन नाम से लागत बा कि ई स्मार्टवॉच बहुते प्रीमियम होला आ एकर कीमत बहुत जादा होला। प्रीमियम स्मार्टवॉच के कीमत 10 हजार रुपिया से सुरू होला। आईं जानल जाव बजट स्मार्टवॉच से केतना अलग होला प्रीमियम स्मार्टवॉच।

1,917

मार्केट में स्मार्टवॉच के बड़ रेंज देखे के मिलेला। कम कीमत से लेके बजार में महंगा स्मार्टवॉच मवजूद बा। कंपनी लगातार नया-नया स्मार्टवॉच के बाजार में उतार रहल बाड़ी सs। पिछला हफ्ता कइयन गो कंपनी अपना प्रीमियम स्मार्टवॉच के लॉन्च कइले बाड़ी सs।

अब सबसे बड़ सवाल ई आवत बा कि जवन कंपनी ई दावा कर रहल बाड़ी सs कि ओकर वॉच प्रीमियम बा तs एकर पैमाना का बा। हमनी के कवनो आधार पs बजट स्मार्टवॉच आ प्रीमियम स्मार्टवॉच के बीच के अंतर के समझ सकत बानी। का बजट आ प्रीमियम स्मार्टवॉच में जादे अंतर होला कि खाली कीमत में बढ़न्ती देखे के मिलेला। आज हमनी के राउर सारा सवालन के जवाब देवे वाला बानी सs।

का होला बजट स्मार्टवॉच

बजट स्मार्टवॉच के हमनी के अइसे बोल सकत बानी सs कि एकर कीमत एगो आम यूजर खातिर पॉकेट फ्रेंडली होखे। माने 1 हजार से लेके 3 हजार रुपिया तक के प्राइस रेंज में आवे वाला स्मार्टवॉच एगो बजट स्मार्टवॉच कहल जाला। एह स्मार्टवॉच के एगो आम यूजरो किन लेला। एह स्मार्टवॉच के किने से पहिले यूजर एकर डिजाइन आ बैटरी बैकअप देखेला।

एह स्मार्टवॉच में हार्ट रेट मॉनिटर, स्पोर्ट मोड, ब्लड ऑक्सीजन लेवल मॉनिटर जईसन फीचर देखे के मिलेला। बजट स्मार्टवॉच के बिल्ड क्वालिटियो ठीक- ठाक होला। हेल्थ के ममिला में बजट स्मार्टवॉच पs भरोसा कइल तनिका मुश्किल होला। बजट स्मार्टवॉच से मेजर कइल गइल हार्ट-रेट आ ब्लड ऑक्सीजन बिलकुल सही होखे ई पॉसिबल नइखे।

का होला प्रीमियम स्मार्टवॉच

प्रीमियम स्मार्टवॉच जइसन नाम से लागत बा कि ई स्मार्टवॉच बहुते प्रीमियम होला, एकर कीमत बहुत जादे होला। प्रीमियम स्मार्टवॉच के कीमत 10 हजार रुपिया से सुरू होला। प्रीमियम स्मार्टवॉच के बिल्ड क्वालिटी बहुते अच्छा होला। प्रीमियम स्मार्टवॉच हेल्थ फीचर के बहुते जादा धेयान में रखके बनावल जाला। उदाहरण खातिर हमनी के एपल के स्मार्टवॉच के ले सकत बा।

एपल के स्मार्टवॉच बहुते जादे प्रीमियम होला। एपल वॉच में हेल्थ फीचर अच्छा तरीका से काम करेला। जवना के उदाहरण हमनी के कइयन बेर देखले बानी सs। कइयन गो अइसन केस सामने आइल बा, जेमे एपल स्मार्टवॉच कइयन लोगन के जान के बचवले बा। एपल के स्मार्टवॉच हार्ट रेट बहुत जादे भा बहुत कम होखला पs पहिले अलर्ट कs देला, ताकि समय रहते इंसान के हॉस्पिटल ले जाया जाइल जा सके आ ओकर जान बच सके।

का सब प्रीमियम स्मार्टवॉच पूरा तरे से सही होला?

ना, प्रीमियम स्मार्टवॉच के हेल्थ फीचर पूरा तरे से सही ना होला  बाकिर, एकर एक्यूरेसी अगर 90 % बा तबो ई सही मानल जाई।। प्रीमियम स्मार्टवॉच पs पईसा खर्च कइला पs बहुत हद तक हेल्थ फीचर के फायदा मिल जाला। हेल्थ फीचर के मदद से रउआ अपना हेल्थ पs कड़ा नजर रख सकत बानी। जादे पईसा खर्च कइला पs रउआ बेहतर बिल्ड क्वालिटी, हेल्थ फीचर के बढ़िया एक्यूरेसी मिलेला। एहिसे जादा पईसा देके प्रीमियम स्मार्टवॉच लेहल एक तरे से अच्छा ऑप्शन बा।

498810cookie-checkBudget Smartwatch से केतना अलग होला प्रीमियम स्मार्टवॉच, कीमत से लेके फीचर तक का बा दुनो में अंतर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.