[the_ad_group id="30365"]

केरल में गर्भवती घोड़ी के बेरहमी से पीटले, छव लोगन पऽ मुकदमा दर्ज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केरल के कोल्लम जिला के एगो स्थानीय मंदिर परिसर में एगो गर्भवती घोड़ी के बान्ह के बेरहमी से पीटे के आरोप में छव लोग पs मुकदमा दर्ज करावल गइल बा। पुलिस एतवार के दिने ई जानकारी देहलस।

बियफे के भईल इ चौंकावे वाला घटना। एह घटना से जुड़ल एगो वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल होखला के बाद जानवरन पs हमला के ई घटना व्यापक जनता के ध्यान अपना ओर खींचलस।

वीडियो में एगो आदमी पांच महीना के गर्भवती घोड़ी के बान्हता देखल जा सकऽता आ पांच गो आउर लोग जानवर पs हाथ, गोड़ आ लाठी से हमला करत देखाई दे रहल बाड़े।

घोड़ी के मेडिकल जांच के दौरान पाता चलल कि ओकरा शरीर पs चोट के निशान आ सूजन बा।

वीडियो वायरल भइला के बाद पशुपालन मंत्री जे चिंचु रानी समेत बहुत लोग हमलावर के कड़ा आलोचना कइले।

रानी रविवार के पत्रकारन से बतियावत कहली कि, एह घटना से सभ्य समाज आ पूरा राज्य के बदनामी भइल बा। “दोषी के खिलाफ कड़ा कार्रवाई कइल जाई।”

घोड़ी के मालिक के शिकायत के आधार पs पुलिस जानवर पs हमला करे के आरोप में 6 लोग के खिलाफ मामला दर्ज कईलस। पुलिस के कहनाम बा कि, जानवर पs क्रूरता निवारण अधिनियम, 1960 के धारा के तहत मामला दर्ज कऽ के जांच शुरू कऽ दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]