प्रयागराज: उत्तर प्रदेश के प्रयागराज से एक सप्ताह पहिले रहस्यमय तरीका से लापता भइल ग्राम प्रधान जानकीनाथ यादव आखिरकार सुरक्षित मिल गइल बाड़ें। ऊ वृंदावन में संत प्रेमानंद महाराज के आश्रम में मिललें। खास बात ई बा कि अपना ठिकाना के जानकारी ग्राम प्रधान खुद फोन करके पुलिस के दिहलें। जबकि एहिजा उनका परिवार हत्या होखे के आशंका जतावत पुलिस में शिकायत दर्ज करवलस। परिवार के आरोप के बाद पुलिस कई दिन तक उनकी तलाश में जुटल रहे।
जानकीनाथ यादव प्रयागराज के मनसैता गांव के ग्राम प्रधान बाड़ें। ऊ 29 अक्टूबर के शाम अचानक लापता हो गइल रहलें। जब ऊ घर से निकललें त लुंगी आ बनियान पहिनले रहलें। उनका अचानक गायब होखला से परिवार के लोग परेशान हो गइल रहे। बाद में परिजन अज्ञात लोग के खिलाफ अपहरण आ हत्या के आशंका जतावत मुकदमा दर्ज करवलें।
एक सप्ताह बाद वृंदावन आश्रम में मिललें ग्राम प्रधान
मिलल जानकारी के मोताबिक, जानकीनाथ यादव के गायब होखला के बाद परिवार के लोग थरवई थाना में गुमशुदगी के शिकायत दर्ज करवले रहे। बाद में तीन नवंबर के अज्ञात लोग के खिलाफ अपहरण आ हत्या के आशंका जतावत मुकदमा दर्ज करावल गइल।
मामला गंभीर देख पुलिस जांच तेज कर दिहलस। कई संदिग्ध लोग के हिरासत में लेकर पूछताछ कइल गइल। पुलिस ड्रोन आ डॉग स्क्वायड के मदद से भी तलाश कइलस। एतने ना, एसडीआरएफ के टीम मनसैता नदी में भी खोजबीन कइलस, बाकिर ग्राम प्रधान के कवनो सुराग ना मिलल।
ग्राम प्रधान के खोजे खातिर पुलिस के 13 टीम लगावल गइल रहे।
नया सिम से फोन कइला पर खुलल राज
एह पूरा मामला में चार नवंबर के रात नया मोड़ आ गइल। जानकीनाथ यादव नया सिम खरीद के अपना चाचा आ थरवई थाना प्रभारी के फोन कइलें। फोन पर ऊ बतवलें कि फिलहाल वृंदावन में संत प्रेमानंद महाराज के आश्रम में बाड़ें।
उनका फोन से पुलिस के उनका सही लोकेशन के जानकारी मिल गइल। एकरा बाद थरवई थाना के पुलिस टीम वृंदावन खातिर रवाना भइल। पुलिस गुरुवार के वृंदावन पहुंच के ग्राम प्रधान के सकुशल बरामद कर लिहलस आ प्रयागराज ले आके परिजन के सौंप दिहलस।
परिवार से कहासुनी के बाद घर छोड़ले रहस
पुलिस के पूछताछ में जानकीनाथ यादव बतवलें कि घर में परिवार के लोग से कहासुनी हो गइल रहे। एह बात से नाराज होके ऊ 29 अक्टूबर के शाम अपना मोबाइल फोन बंद क के घर से निकल गइल रहलें।
घर से निकलला के बाद ऊ पैदल कछार के रास्ता से फाफामऊ पहुंचलें। उहाँ से नया कपड़ा खरीद के पहिनलें, ताकि कवनो के उनकर पहचान ना हो सके।
एकरा बाद ऊ फाफामऊ रेलवे स्टेशन पहुंचलें आ 30 अक्टूबर के भोर करीब छह बजे गंगा गोमती एक्सप्रेस पकड़ के लखनऊ चल गइलें।
ट्रेन बदल के पहुंचलें मथुरा आ वृंदावन
जानकीनाथ के बतावल मोताबिक, लखनऊ पहुंचला के बाद ऊ लखनऊ जंक्शन के प्लेटफॉर्म नंबर चार से भोर करीब साढ़े दस बजे आगरा खातिर जनरल टिकट खरीदलें। आगरा पहुंचला के बाद झेलम एक्सप्रेस पकड़ के मथुरा चल गइलें।
मथुरा पहुंचला के बाद ऊ वृंदावन गइलें आ संत प्रेमानंद महाराज के आश्रम में जाकर रुक गइलें। एह बीच ऊ अपना परिवार आ परिचित लोग से संपर्क ना कइलें। मोबाइल बंद रखला के चलते पुलिस के उनका लोकेशन पता करे में परेशानी भइल।
पुलिस जांच के बाद सामने आइल पूरा मामला
डीसीपी गंगानगर सोनम कुमार गुरुवार के पुलिस लाइन में पूरा मामला के जानकारी दिहलें। पुलिस के मुताबिक, हाईकोर्ट में समीक्षा अधिकारी के पद पर कार्यरत छत्रपाल यादव अपना छोट भाई जानकीनाथ यादव के गुमशुदगी के शिकायत दर्ज करवले रहलें।
परिवार के ओर से हत्या आ अपहरण के आशंका जतवला के बाद पुलिस कई एंगल से जांच शुरू कइले रहे। हालांकि, ग्राम प्रधान के सकुशल मिलला के बाद पूरा मामला के नया तस्वीर सामने आ गइल।
फिलहाल पुलिस के जांच में ई बात सामने आइल बा कि पारिवारिक विवाद के चलते जानकीनाथ यादव खुद घर छोड़ के चल गइल रहलें। एह घटना से ई साफ हो गइल कि कई दिन तक हत्या के आशंका में परेशान परिवार खातिर अंत में राहत के खबर आइल।







No comments yet. Be the first to comment!