[the_ad_group id="30365"]

लालू खाली अपना बेटा के CM बनावल चाहत बाड़ें: PK: वैशाली में कहलें- जात में जनता फंसल बिया, नेता ना; उनका तs खाली बस अपना बेटन के चिंता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रशांत किशोर RJD सुप्रीमो लालू यादव पs जोरदार हमला बोललें। ऊ कहलें कि लालू यादव जाति के ना, परिवार के राजनीति कर रहल बाड़ें। उनका अपना जाति के चिंता नइखे, ऊ बस अपना बेटा के मुख्यमंत्री बनावल चाहत बाड़े।

वैशाली में सुक के जन सुराज पदयात्रा के दौरान आमसभा में ऊ कहलें कि लालू जाति के राजनीति करत तs कहते कि बिहार के मुखिया हर हालत में यादव समाज से होखे के चाहीं। जबकि ई ऊ नइखन कहत। लालू जी कह रहल बाड़े कि हर हालत में बिहार के मुखिया हमार बेटा होखे के चाहीं।

प्रशांत किशोर कहलें कि बिहार के लोगन के लागत बा कि नेता जाति के राजनीति करत बा लो, बाकिर हम कह रहल बानी कि नेता कबो जाति के राजनीति नइखे करत लो। एमे तs जनता फंसल बिया। नेता लोग तs अपना परिवार आ बेटा के चिंता करत बा।

मांझी पs सधले निशाना

प्रशांत किशोर आगे कहलें कि लालू यादव अकेला नइखे। केहू मांझी बा, केहू कुशवाहा बा, केहू पासवान, जे जवना जाति के नेता बा ऊ आपन आउर अपना लईकन के चिंता कर रहल बा लो। ऊ पूछलें कि का जीतनराम मांझी के सीएम बनला से मुसहर समाज के भला हो गइल। का यादव समाज में अब केहू गरीब नइखे।

पीके कहलें कि बिहार में विकास पs केहू के धेयान नइखे। लोगन के एह पs धेयान देवे के जरूरत बा। जाति में तs रउआ आ हमनी के उलझल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]