Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

World Chess Championship: रोमानिया में भइल युवा विश्व शतरंज चैंपियनशिप में प्रणव आ इलमपर्थी बनले चैंपियन

आनंद के हमवतन दूसरका वरीयता प्राप्त एम प्राणेश आठ अंक के संगे संयुक्त रूप से तीसरा नंबर पर रहले। 11 दौर के मुकाबलन में प्रणव आनंद अजेय रहले। ऊ 7 मैच जीतले आ चार मैच ड्रॉ खेलले।

478

रोमानिया के ममाया में खेलल गइल विश्व युवा शतरंज चैंपियनशिप में भारत के प्रणव आनंद आ एआर इलमपर्थी क्रमश: अंडर-16 आ अंडर-14 श्रेणी में सुक के चैंपियन बनल लो। शीर्ष वरीयता प्राप्त आनंद बियफे के 76वां भारतीय ग्रैंडमास्टर बनल रहले। 11 दौर के बाद ऊ 9 अंक जुटवले आ ऊ विजेता बनले। ऊ प्रतिद्वंद्वी से आधा अंक आगे रहले।

आनंद के हमवतन दूसरा वरीयता प्राप्त एम प्राणेश आठ अंक के संगे संयुक्त रूप से तीसरा नंबर प रहले। 11 दौर के मुकाबलन में प्रणव आनंद अजेय रहले। ऊ सात गो मैच जीतले आ चार गो ड्रॉ खेलले। ऊ 11वां आ अंतिम मैच फ्रांस के ड्रॉइन ऑगस्टिन से ड्रॉ खेलले। ऑगस्टिन दसवां दौर में अर्मेनिया के एमिन ओहान्यन के हरवले रहस। प्राणेश छव जीत आ चार ड्रॉ खेलले। छठा दौर में ओहान्यन से मिलल हार से उनकर खिताब जीते के उम्मीदन प पानी फिर गइल।

नौ मैच जीतले इलमपर्थी

आनंद के तरे इलमपर्थी अपना प्रतिद्वंद्वी से आधा अंक आगे रहले। ऊ 11 दौर में 9.5 अंक जुटवले। ऊ मैच गेम जीतले, एगो ड्रॉ खेलले आ यूक्रेन के अर्टेम बेरिन से चउथा दौर के मैच हार गइल रहस। ओपन अंडर-18 स्पर्धा में सोहन कमोत्रा 7 अंक लेके 14वें स्थान पर रहे। एस हर्षद 6.5 अंक के साथे 24वें नंबर प रहले। अंडर-14 लईकियन में मृतिका मल्लिक 8 अंक के संगे चउथा नंबर प रहली। अनुपम एस श्रीकुमार आ एचजी प्रग्न्या क्रमश: सातवां आ आठवां स्थान प रहल लो। अंडर-18 बालिका वर्ग में एस कनिष्का 7.5 अंक के साथ छठवां आ रक्षिता रवि एतने अंक लेके आठवां स्थान प रहली।

 

332320cookie-checkWorld Chess Championship: रोमानिया में भइल युवा विश्व शतरंज चैंपियनशिप में प्रणव आ इलमपर्थी बनले चैंपियन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.