रेलवे यात्रियन के मिली सस्ता दवाई, दिल्ली सहित देस के 61 रेलवे स्टेशनन पs खुली जन औषधि केंद्र

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 27, 2024

अब रउआ स्थानीय रेलवे स्टेशनन से सस्ता दवाई ले सकेम। भारतीय रेलवे प्रधानमंत्री जन औषधि केंद्र खोले के दायरा के बढ़ावे के निर्णय लेले बा। एकरा खातिर 61 से जादे रेल मंडलन के स्टेशनन के

Share

अब रउआ स्थानीय रेलवे स्टेशनन से सस्ता दवाई ले सकेम। भारतीय रेलवे प्रधानमंत्री जन औषधि केंद्र खोले के दायरा के बढ़ावे के निर्णय लेले बा। एकरा खातिर 61 से जादे रेल मंडलन के स्टेशनन के चयनित कइल गइल बा। एमे पुरानी दिल्ली, यूपी के प्रयागराज, अलीगढ़, गोंडा, बस्ती, बलिया, वाराणसी सिटी, छपरा, फर्रूखाबाद आ उत्तराखंड, पंजाब, राजस्थान सहित दूसरा राज्यन के रेलवे स्टेशन सामिल बा।

अधिकारियन के कहनाम बा कि प्रक्रिया अंतिम चरण में बा। एह स्टेशनन पर जल्दिये सस्ता दवा के दोकान खुलिहें सs। प्रधानमंत्री भारतीय जनऔषधि केंद्र में करीब 1963 दवाई आ 293 सर्जिकल उपकरण के बिक्री कइल जाला। इहां एंटी-कैंसर, एंटी-डायबिटिक्स, एंटी-इंफेक्टिव्स, एंटी-एलर्जिक, गैस्ट्रो सहित अलग-अलग उत्पादन के रोग-प्रतिरोधी क्षमता बढ़ावे वाली दवाइयन के बेचें के अनुमति बा। एलोपैथ के संगे आयुर्वेदिक उत्पादन के एह योजना में सामिल कइल गइल बा।

रेलवे बोर्ड एगो सर्कुलर जारी कs के कहले बा कि 61 स्टेशनन पs जनऔषधि केंद्र खोले के प्रक्रिया तेज कइल जाव। एकरा पहिलही 50 रेलवे स्टेशनन पs एह तरे के केंद्र खोले के निर्णय लिहल गइल रहे। रेलवे स्टॉल खोले के इच्छुक लोगन के आवेदन करे के कहले बा। एह तरे के केंद्र खोले के उद्देश्य सब लोगन के किफायती मूल्य पs गुणवत्तापूर्ण दवाई उपलब्ध करावल जा। इहे दवाई सब केंद्रीय अस्पतालन में सप्लाई कइल जाला। हालांकि, दिल्ली के अस्पतालन आ कइयन जगहन पs खोलल गइल एह तरे के दवा के दुकानन पs कइयन गो अइसन दवा बा जवन ना मिलेला, एह वजह से तीमारदारन के अंग्रेजी दवा के दुकान से दवा किने के मजबूरी होला।

एह स्टेशनन पs खुली केंद्र

  • दिल्ली-पुरानी दिल्ली स्टेशन
  • उत्तरप्रदेश- प्रयागराज, अलीगढ़, ललितपुर, ऐशबाग,गोंडा जंक्शन, बस्ती, देवरिया जंक्शन, बलिया, फरूखाबाद जंक्शन, कासगंज, बरेली सिटी, बादशाहनगर, वाराणसी सिटी।
  • राजस्थान-बाड़मेड़, दुर्गापुर, फलना
  • उत्तराखंड-हरिद्वार स्टेशन
  • पंजाब-पठानकोट कैंट स्टेशन
  • झारखंड-जसिडीह स्टेशन
  • बिहार-भागलपुर, आरा, समस्तीपुर, हाजीपुर, छपरा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.