Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा : शहरी क्षेत्र में रात 10 से 12 बजे ले पावर कट : डबल डेकर पुल निर्माण के लेके बिजली रही बाधित

929

छपरा: शहर में चल रहल डबल डेकर पुल निर्माण के लेके अतवार के रात में पावर कट कइल जाये के बा। नगर पालिका चौक से गांधी चौक के बीच पुल निर्माण के लेके वायर शिफ्टिंग के काम होखे के बा। एकरा के लेके रात 10:00 बजे से 12:00 बजे तक मौना चौक आ आसपास के मोहल्लन में बिजली बाधित रही।

नगरपालिका चौक से मेवालाल चौक तक जमीन खुदाई सहित घरन के तुड़े के काम एकरा संगही कइल जाये के बा। एहिसे नगरपालिका चौक, सलेमपुर, लाह बाजार, मौना चौक सहित आसपास के मोहल्लन में बिजली गुल रही।

मालूम होखे कि छपरा में भिखारी चौक से लेके दरोगा राय चौक तक डबल डेकर पुल के निर्माण के काम चल रहल बा। निर्माण के तीसरका चरण में नगर पालिका चौक से मेवा लाल चौक तक निर्माण करावल जा रहल बा।

साभार : दैनिक भास्कर

773800cookie-checkछपरा : शहरी क्षेत्र में रात 10 से 12 बजे ले पावर कट : डबल डेकर पुल निर्माण के लेके बिजली रही बाधित

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.