छपरा : शहरी क्षेत्र में रात 10 से 12 बजे ले पावर कट : डबल डेकर पुल निर्माण के लेके बिजली रही बाधित

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 24, 2024

छपरा: शहर में चल रहल डबल डेकर पुल निर्माण के लेके अतवार के रात में पावर कट कइल जाये के बा। नगर पालिका चौक से गांधी चौक के बीच पुल निर्माण के लेके वायर शिफ्टिंग

Share

छपरा: शहर में चल रहल डबल डेकर पुल निर्माण के लेके अतवार के रात में पावर कट कइल जाये के बा। नगर पालिका चौक से गांधी चौक के बीच पुल निर्माण के लेके वायर शिफ्टिंग के काम होखे के बा। एकरा के लेके रात 10:00 बजे से 12:00 बजे तक मौना चौक आ आसपास के मोहल्लन में बिजली बाधित रही।

नगरपालिका चौक से मेवालाल चौक तक जमीन खुदाई सहित घरन के तुड़े के काम एकरा संगही कइल जाये के बा। एहिसे नगरपालिका चौक, सलेमपुर, लाह बाजार, मौना चौक सहित आसपास के मोहल्लन में बिजली गुल रही।

मालूम होखे कि छपरा में भिखारी चौक से लेके दरोगा राय चौक तक डबल डेकर पुल के निर्माण के काम चल रहल बा। निर्माण के तीसरका चरण में नगर पालिका चौक से मेवा लाल चौक तक निर्माण करावल जा रहल बा।

साभार : दैनिक भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.