[the_ad_group id="30365"]

सारण : डाक महानिरीक्षक परिमल सिंहा ने मशरक मुख्य डाकघर के कइलें निरीक्षण, देलें दिसा-निरदेस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण)/मशरक न्यूज।  डाक महानिरीक्षक मुजफ्फरपुर उतरी परिक्षेत्र परिमल सिंहा ने मशरक मुख्य डाकघर के निरीक्षण कइलें। ऊ मुख्य डाकघर के निरीक्षण के दौरान चारो तरफ घेरा बंदी चार दिवारी से लेके कार्यस्थल के बारीकी से मुआयना किया।

डाक घर में आवे वाला ग्राहकन के सेवा के लेके डाक घर में आइल ग्राहकन के हाल चाल पुछके जानकारी लेलें। एकरा बाद मुख्य डाकघर में अधिकारियन आ डाककर्मियन के संगे बैठक कs सरकार कावर से चलावल जा रहल अलग-अलग योजनन के जानकारी लेलें आ कइयन तरे के दिसा-निरदेस देलें।

बैठक में शाखा डाकघर के ब्रांच पोस्ट मास्टरन से कहलें कि हरदिन कम से कम दस खाता खोलल जाव। ग्रामीण डाक जीवन बीमा 50 हजार के लक्ष्य के पुरा कइल जाव। डाक महानिरीक्षक कहलें कि काम में लापरवाही कवनो कीमत पs बरदास्त ना कइल जाई।

वरीय डाक अधीक्षक रंजन कुमार सिंह छपरा, डाक निरीक्षक उतरी प्रभाश कुमार सिंह, डाक निरीक्षक महाराजगंज अनिमेष कुमार सिंह, मशरक मुख्य डाकघर के डाकपाल अरूण कुमार सिंह एह दौरान उपस्थित रहे लो।

एह मवका पs प्रताप सिंह, मुन्ना सिंह, अजय कुमार सिंह, अभय कुमार सिंह, चंदन कुमार शर्मा, सुनिल कुमार गुप्ता, सुमीत प्रसाद सहित कइयन गो डाककर्मी मवजूद रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]