Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पुंछ आतंकी हमला : पूंछ में इफ्तार के सामान जात रहे सेना के ट्रक पे हमला, गाँव के लोग कहल – अबकी बेर ईद ना मनाएब

595

पुंछ आतंकी हमला : जम्मू कश्मीर के पुंछ में गुरुवार (20 अप्रैल) के सेना के ट्रक पे आतंकी हमला भईल। एह में 5 जवान शहीद हो गईले। अब ई जानकारी सामने आ गइल बा कि जब ई हमला भइल रहे त ई सेना के आदमी पुंछ के एगो गाँव में होखे वाला इफ्तार पार्टी खातिर ट्रक में फल आ सामान लेके जात रहले। एह इफ्तार पार्टी में रोजाधारी लोग के साथे ओह गाँव के पंच आ सरपंच के भी बोलावल गइल रहे।

राष्ट्रीय राइफल्स (आरआर) के जवान 20 अप्रैल के सांझ के संगोत इलाका में इफ्तार पार्टी के आयोजन कईले। जम्मू-कश्मीर के अलग-अलग जगह पे सेना अयीसन इफ्तार पार्टी के आयोजन करत रहेले। एह घटना से आतंकवादी नाराज रहले। इहो खबर बा कि आतंकी इफ्तार पार्टी से नाराज होखला के बाद ही ए हमला के योजना बनवले रहले।

 

अबकी बेर ईद ना मनाएब

इफ्तार पार्टी मनावे जाए वाला जवान पे हमला से गांव के लोग बहुत दुखी बाड़े। जवान के मौत के दुख में शामिल होके गांव के लोग अबकी बेर ईद मनावे से मना क देले बाड़े। असल में आतंकियन के सबसे बड़ डर इहे बा कि लोग सेना के आपन दोस्त ना माने। अगर अयीसन भईल त उ लोग लोग के भड़कावे में कामयाब ना होईहे।

 

इहे कारण बा कि आतंकवादियन के सेना से लोग के संगति पसंद नईखे आवत। आतंकवादी सेना से बातचीत करे वाला लोग के शक के नजर से देखेले। संगोट में होखेवाला इफ्तार पार्टी के जानकारी मिलला के बाद आतंकी हमला के योजना बनवले। जब सेना के ट्रक इफ्तार के सामान लेके कैंप में लवटत रहे त घात लगा के बईठल आतंकी गाड़ी के निशाना बना लेले। पहिले गोली चलावल गईल, ओकरा बाद आतंकी ग्रेनेड से हमला कईले।

ए हमला में पांच आरआर जवान हविलदार मनदीप सिंह, हरकिशन सिंह, लांस नायक कुलवंत सिंह, सिपाही सेवक सिंह और लांस नायक देबाशीष बसवाल शहीद हो गईले। एगो जवान गंभीर रूप से घायल बा, जेकर इलाज सेना अस्पताल में चलता। हमला के बाद से सुरक्षा बल पूरा इलाका में तलाशी अभियान चलावत बा। आतंकियन के खोजे खातिर ड्रोन के मदद भी लिहल जा रहल बा।

 

हमला के जिम्मेवारी पीएएफएफ नाम के एगो आतंकी संगठन लेले बा। पीएएफएफ पाकिस्तान के आतंकी संगठन जैश-ए-मोहम्मद से जुड़ल बा जवन जम्मू-कश्मीर में कई गो आतंकी घटना में शामिल रहल बा।

साभार- abplive

525000cookie-checkपुंछ आतंकी हमला : पूंछ में इफ्तार के सामान जात रहे सेना के ट्रक पे हमला, गाँव के लोग कहल – अबकी बेर ईद ना मनाएब

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.