[the_ad_group id="30365"]

पूजा भट्ट मेट्रो में ‘जय श्री राम’ गाना वालन के लगवली फटकार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अभिनेत्री पूजा भट्ट अपना बेबाक अंदाज खातिर मशहूर बाड़ी। कुछुओ खराब लागेला, उऽ खुल के बोलेली। उऽ अब नवरात्रि के त्योहार के दौरान मुंबई मेट्रो में भजन-कीर्तन करेवाला लोग के आलोचना कइली आ सोशल मीडिया पऽ पोस्ट कइले बाड़े। ओह वीडियो पर रिएक्ट करत घरी उऽ बहुत कुछ लिखले। जवना के बाद लोग उनकर आलोचना करे लगले।

जवन वीडियो सामने आइल बा ओमें मेट्रो के भीतर लोग फर्श पर बइठल बाड़े। समूह के सभे ‘भारत का बच्चा बच्चा जय श्री राम बोलेगा’ अउरी कुछ लोग गुजराती गरबा गीत गावत देखाई देता। अब कुछ लोग एह वीडियो के खूब तारीफ कइले बा तऽ केहू एकर आलोचना कइले बा। पूजा भट्ट के नांव एही में बा।

पूजा भट्ट के लगवली फटकार

पूजा भट्ट एह विडियो के एक्स हैंडल पऽ शेयर करत लिखली कि, ‘सार्वजनिक जगह पऽ ए सभ के अनुमति कइसे दिहल जाता? कवनो बात नइखे कि उऽ हिंदुत्व पॉप होखे, क्रिसमस कैरोल होखे, बॉलीवुड ब्लॉकबस्टर होखे भा जवन होखे। कवनो हालत में सार्वजनिक जगहन के एह तरह से गलत इस्तेमाल ना कइल जा सके। प्राधिकरण एकर अनुमति कइसे आ काहे दिहलसि?

पूजा भट्ट नियम के पालन करे के कहली

एगो अवुरी पोस्ट में पूजा कहली कि, ‘जदी हमनी के मूल नियम के पालन नइखी कऽ सकत तऽ सही मायने में कानून व्यवस्था के कायम राखे के कवनो उम्मीद नइखे।’ सब राजनीतिक दल के अवैध होर्डिंग से शहर प्रदूषित हो जाला, मेट्रो के पार्टी जोन में बदलल जा रहल बा। हमलावर के ओर से कवर के रूप में इस्तेमाल होखत सड़क के बीच पऽ पटाखा जरावल जाता।

पूजा भट्ट के लोग सुनवले 

पूजा भट्ट के एहप्रतिक्रिया के बाद लोग उनकर आलोचना करे लगले। एगो यूजर लिखले कि, ‘हमरा लागल कि आपके बिग बॉस दोस्त एल्विश यादव कुछ जानकारी देले बाड़े कि हिंदूवादी देश में इ सिस्टम कइसे चलेला।’ एक आदमी कहल, पूजा, ई त ठीक बा। ई लोग हरदम ना करे, इनका के माफ कर करऽ। एगो कहलस कि पहिले यात्रा करीं, तब तू खुदे एह लोग के साथे जुड़ब।’

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]