[the_ad_group id="30365"]

बिहार में पुलिसकर्मियन के छुट्टी कैंसिल : होली के चलते पुलिस मुख्यालय के फैसला, 20 से 28 मार्च तक ना मिली छुट्टी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में नौ दिन खातिर पुलिसकर्मियन के छुट्टी के कैंसिल कs दिहल गइल बा। 20 से 28 मार्च तक खातिर ई बेवस्था लागू होई। बियफे के पुलिस मुख्यालय के ओर से एह संबंध में एगो महत्वपूर्ण आदेस जारी कइल गइल बा।

ADG लॉ एंड ऑर्डर संजय सिंह एगो लेटर जारी कइले बाड़ें। जवन बिहार स्पेशल आर्म्ड पुलिस (BSAP) के डीजी, डीजी ट्रेनिंग, रेलवे, CID, स्पेशल ब्रांच, आर्थिक अपराध इकाई आ ऑपरेशन के ADG के भेजल गइल बा। एकरा अलावे बिहार के सब रेंज IG, DIG, SSP/SP के पुलिस मुख्यालय के आदेस के कापी भेजल गइल बा।

सुरक्षा बेवस्था बना के रखे के चुनौती

बिहार पुलिस मुख्यालय ई डेग रंगन के त्योहार होली के धेयान में रखत उठवले बा। ताकि राज्य के अंदर लॉ एंड ऑर्डर आ सुरक्षा बेवस्था के बना के रख में कवनो तरे के परेसानी ना होखे। पहिले होली के समय कइयन बेर हिंसक घटना हो चुकल बा। मुख्यालय के जारी लेटर के मोताबिक 24 मार्च के होलिका दहन मनावल जाई। जबकि अबकी बेर होली 25 आ 26 मार्च के मनावल जाई।

पुलिसकर्मियन के छुट्‌टी पूरा तरे से कैंसिल

राज्य के भीतर लॉ एंड ऑर्डर आ संप्रदायिक सद्भाव के बना के रखल पुलिस खातिर बड़ चुनौती होई। एह कारण 20 से 28 मार्च तक मुख्यालय बिहार में पुलिसकर्मियन के छुट्‌टी के पूरा तरे से कैंसिल करे के आदेस जारी कइले बा। कवनो पुलिस अधिकारी भा कर्मी के छुट्टी विशेष परिस्थिति होखले पs दिहल जाये के आदेस दिहल गइल बा। ई बेवस्था जिला पुलिस के संगही रेल पुलिस कर्मियन पs लागू होगी।

होली के दौरान लॉ एंड ऑर्डर के संभारे खातिर कइयन गो संवेदनशील स्थानन पर BSAP के टीम लगावल जाये के तइयारी बा। जबकि, जिला पुलिस के टीम के पूरा तरे से मुस्तैद रहे आ सब थानन के अपना इलाका में लगातार पेट्रोलिंग करे के निरदेस दिहल गइल बा। नागरिकता संशोधन अधिनियम (CAA) के देस में लागू होखला के बाद से बिहार पुलिस पहिलही से अलर्ट मोड में बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]