[the_ad_group id="30365"]

छपरा में शराब तस्करी के अनोखा तरीका देखके हैरान रह गइल पुलिस, जुगाड़ गाड़ी से शराब के बड़ खेप कइलस बरामद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राज्य में निषेध कानून लागू भईला के बाद भी शराब तस्कर नया तरीका के आविष्कार कs के राज्य में शराब के तस्करी करे के कोशिश करेले। जवना के उदाहरण अतवार के एक बेर फेर सारण जिला में देखाई देलस। जहां पुलिस तीन पहिया जुगाड़ गाड़ी से 51.84 लीटर अंग्रेजी शराब बरामद कईलस अवुरी मउका पs शराब के तस्करी करत तस्कर के गिरफ्तार कs लेलस।

जानकारी के मुताबिक पुलिस जिला के बनियापुर थाना क्षेत्र के चेतन छपरा में स्थित मुख्य कंक्रीट के सड़क से जुगाड गाड़ी में लेके जात अंग्रेजी शराब बरामद कईले बिया। पुलिस जुगाद गाड़ी से 8 पीएम ट्रेटा पैक व्हिस्की के 6 कार्टून में कुल 51.84 लीटर अंग्रेजी शराब बरामद कईले बिया।

बरामद शराब के बाजार मूल्य करीब 41472 रुपिया बा। पुलिस मउका से एगो तस्कर के भी गिरफ्तार कs लेले बिया। गिरफ्तार तस्कर के पहचान उस्टी थाना बनियापुर जिला सारण निवासी मुकुरधन साहू के पिता दशरथ साहू के रूप में भईल बा। गिरफ्तार शराब तस्कर के खिलाफ शराब निषेध अवुरी आबकारी कानून के तहत मामिला दर्ज कs के कार्रवाई शुरू कs दिहल गईल बा। शराब के तस्करी के इs अनोखा तरीका एs इलाका में चर्चा के विषय बनल बा।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]