[the_ad_group id="30365"]

युट्यूबर मनीष कश्यप के घर कुर्की जब्ती, सबेरे-सबेरे पहुंचल पुलिस टीम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूट्यूबर मनीष कश्यप के घर कुर्की जब्ती के कार्रवाई सुरू हो गइल बा। सनीचर के सबेरही से भारी पुलिस बल मनीष कश्यप के घरे पहुंचल। मजिस्ट्रेट के तैनाती में मझौलिया के डुमरी महनवा गांव में पुलिस ई कार्रवाई कर रहल बिया। सदर SDPO मुकुल परमल पांडे एकर पुष्टि कइलें बाड़ें। सच तक न्यूज साइन

बता दीं कि तमिलनाडु ममिला के बाद मनीष कश्यप सुर्खियन में बाड़ें। एह ममिला के लेके यूट्यूबर मनीष कश्यप पs बिहार पुलिस कइयन गो FIR दर्ज कइले बा। ओहिजा, पश्चिम चंपारण में उनका पs कुल 7 गो ममिला दर्ज बा। एमे से एगो पs कुर्की जब्ती खातिर पुलिस कोर्ट में अर्जी देले। एही के लेके सनीचर के सबेरे से कार्रवाई कइल जा रहल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]